[the_ad_group id="30365"]

कानून मंत्री कार्तिक सिंह के पद से हटाके गन्ना विभाग पकड़ावल गइल, विवाद के बाद CM नीतीश के बड़ फसीला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के महागठबंधन सरकार में कानून मंत्री कार्तिक कुमार उर्फ कार्तिकेय सिंह के पद से हटावत अब उनका के गन्ना उद्योग विभाग के मंत्री बना दिहल गइल बा। गन्ना उद्योग मंत्री शमीम अहमद के कानून विभाग के प्रभार सौंप दिहल गइल बा। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के सलाह पs ई निर्णय लिहल गइल बा। एह संबंध में आदेस जारी हो गइल बा। बता दीं कि कार्तिक सिंह के मंत्री पद के शपथ लेवे के संगही उनका ऊपर क्रिमिनल केसन के चलते विवाद सुरू हो गइल रहे।

बिहार में एह महीना भइल राजनीतिक उथल-पुथल के बाद राज्य में नीतीश कुमार के नेतृत्व में महागठबंधन के सरकार बनल। नया सरकार के मंत्रियन के 16 अगस्त के राजभवन में शपथ ग्रहण भइल। एह दौरान कार्तिक कुमार उर्फ कार्तिकेय सिंह शपथ लेले आ उनका के कानून मंत्री बनावल गइल। हालांकि एकरा तुरंत बाद ऊ विवादन में आ गइले। खबर आइल कि जवना दिने ऊ शपथ लेत रहले, ओहि दिन उनका अपहरण के एगो ममिला में कोर्ट में जाके सरेंडर करे के रहे। ई मुद्दा देशभर में छा गइल। विपक्षी दल बीजेपी कार्तिक सिंह के बर्खास्त करे के मांग कइलस।

कार्तिक मास्टर के नाम से मशहूर कार्तिकेय कुमार उर्फ कार्तिक सिंह महागठबंधन में आरजेडी कोटा से मंत्री बाड़े। ऊ जेल में बंद बाहुबली नेता आ पूर्व विधायक अनंत सिंह के करीबी हवे। जवना केस में उनका खिलाफ वारंट निकलल उ 2014 के हs। कार्तिक पs आरोप बा कि ऊ पटना के बिहटा में राजू सिंह के अपहरण में सामिल रहस। एह केस में अनंत सिंह उनका संगे आरोपी बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]