[the_ad_group id="30365"]

ताज महल के हो सकsता कुर्की! एक करोड़ से ज्यादा रुपए जमा कइले के मिलल नोटिस, जानीं पूरा मामिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के आगरा के ताज महल दुनियाभर के पर्यटक लोग खातिर आकर्षण के केंद्र ह। इहां हर रोज लाखों पर्यटक आवेने। ताज महल के मुगल सम्राट शाहजहां अपने पत्नी मुमताज महल के याद में बनवले रहनें।

ताजा मामला ई ह कि आगरा नगर निगम भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण (ASI) के एक नोटिस जारी कइल गइल बा अउर कहले बा कि ताजमहल पs वाटर टैक्स के रूप में 1.9 करोड़ रुपया अउर प्रॉपर्टी टैक्स के रूप में 1.5 लाख रुपया बकाया बा, जेकर ओके भुगतान करे के होई। ई बिल फाइनेंशियल ईयर 2021-22 अउर 2022-23 के ह।

नोटिस में का कहल गइल?

नोटिस में भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण के कहल गइल बा कि ऊ अपने बकाया के 15 दिन के भीतर जमा करे, नाइ त प्रॉपर्टी (ताज महल) के कुर्क कs लिहल जाई। उहवें एह मामिला पs भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण के अधीक्षक अउर पुरातत्वविद् राज कुमार पटेल कहलें, ‘स्मारक पर प्रॉपर्टी टैक्स लागू नइखे। हम पानी खातिर टैक्स के भुगतान करे खातिरो उत्तरदायी नइखे काहेसेकि एकर कौनो व्यावसायिक उपयोग नइखे।

ऊ कहनें, ‘ताज महल परिसर के भीतर हरियाली बनवले खातिर पानी के उपयोग कइल जाला। पानी से संबंधित नोटिस अउर ताजमहल खातिर प्रॉपर्टी टैक्स के बात पहिला बेर सामने आइल बा। हो सकsता ई गलती से भेजल गइल बा।

म्युनिसिपल कमिश्नर का कहनें?

म्युनिसिपल कमिश्नर निखिल टी फंडे कहनें, ‘हमके ताजमहल से संबंधित टैक्स संबंधी कार्रवाई के बारे में जानकारी नइखे। टैक्स के गइले के बाद जीआईएस सर्वेक्षण के आधार पs नयका सिरा से नोटिस जारी कइल जा रहल बा। सब परिसर सहित, सरकारी भवन अउर धार्मिक स्थल पs बकाया राशि के आधार पर नोटिस जारी कइल गइल बा। कानून के उचित प्रक्रिया के बाद छूट देहल जाला। एएसआई के जारी कइल गइल नोटिस के मामिला में, उनसे मिलल प्रतिक्रिया के आधार पs आवश्यक कार्रवाई कइल जाई।’

असिस्टेंट म्युनिसिपल कमिश्नर के बयान

असिस्टेंट म्युनिसिपल कमिश्नर अउर ताजगंज जोन के प्रभारी सरिता सिंह कहली, ‘ताजमहल पर वाटर अउर प्रॉपर्टी टैक्स खातिर जारी नोटिस के मामिला के जांच कइल जा रहल बा। एगो निजी कंपनी के जीआईएस सर्वे के आधार पर टैक्स वसूले के काम सौंपा गइल बा। एएसआई के अधिकारी कहनें कि ताजमहल के 1920 में संरक्षित स्मारक घोषित कइल गइल रहे अउर ब्रिटिश शासन के दौरानो स्मारक पर कौनो हाउस चाहे वाटर टैक्स नाइ लगावल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]