Lalan Singh समेत ई करीबियन के लोकसभा पहुंचा पइहें Nitish Kumar ? समर्थन में कर रहल बाड़े ताबड़तोड़ जनसभा

By Anurag Ranjan

Published on: May 4, 2024

BIHAR politics: बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार चउथा चरण खातिर दू गो केंद्रीय मंत्री आ आपन दू गो करीबियन के जितावे खातिर सक्रिय हो गइल बाड़े। नीतीश कुमार केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह खातिर दू मई

Share

BIHAR politics: बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार चउथा चरण खातिर दू गो केंद्रीय मंत्री आ आपन दू गो करीबियन के जितावे खातिर सक्रिय हो गइल बाड़े। नीतीश कुमार केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह खातिर दू मई के बेगूसराय में आ चार मई के नित्यानंद राय के समर्थन में जनसभा कइले। एकरा अलावा मुख्यमंत्री आपन दू करीबियन खातिर चुनावी सभा कर रहल बाड़े।

जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष के रूप में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के चौथा चरण के चुनाव में दू केंद्रीय मंत्री आ अपना दू करीबी लोगन खातिर सक्रियता बा। चौथा चरण में 13 मई के दरभंगा, उजियारपुर, समस्तीपुर, बेगूसराय आ मुंगेर लोकसभा क्षेत्र में मतदान होखे के बा।

केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह बेगूसराय से आ नित्यानंद राय उजियारपुर से एनडीए के प्रत्याशी बाड़न। एह चरण में खाली मुंगेर लोकसभा क्षेत्र से जदयू के प्रत्याशी बाड़े। पांच सीटन में दरभंगा, उजियारपुर आ बेगूसराय से भाजपा आ समस्तीपुर से लोजपा (रामविलास) के प्रत्याशी बाड़न।

दू के बेगूसराय आ चार के उजियारपुर में भइल सभा

केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह खातिर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार दू मई के बेगूसराय लोकसभा क्षेत्र के बछवाड़ा में चुनावी सभा कइले। उहे, चार मई के उऽ नित्यानंद राय खातिर नरहन में चुनावी सभा के संबोधित कइले।

समस्तीपुर में शांभवी चौधरी खातिर करिहे सभा

चौथा चरण में मुख्यमंत्री के आपन दू गो करीबियन खातिर चुनावी सभा कर रहल बाड़े। एही क्रम में चार मई के उऽ जदयू के पूर्व राष्ट्रीय अध्यक्ष राजीव रंजन सिंह उर्फ ललन सिंह खातिर मुंगेर लोकसभा क्षेत्र के हवेली खड़गपुर में सभा कइले। एकरा पहिले मुंगेर में उऽ हालही में प्रधानमंत्री के चुनावी सभा में शामिल भइल रहले।

पांच मई के मुख्यमंत्री के एगो चुनावी सभा समस्तीपुर के कल्याणपुर में बा। उहाँ से लोजपा (रामविलास) के टिकट पs मंत्री अशोक चौधरी के पुत्री शांभवी चौधरी चुनाव लड़ रहल बाड़ी।

बतावे जोग बात ई बा कि राज्य मंत्रिमंडल के सदस्य आ जदयू के वरिष्ठ नेता महेश्वर हजारी के पुत्र सन्नी हजारीयो समस्तीपुर से कांग्रेस के टिकट पs मैदान में बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.