[the_ad_group id="30365"]

यूपी में सामूहिक दुष्कर्म के आरोपित के एनकाउंटर, आजमगढ़ के युवती के साथे भइल रहे दरिंदगी; दूसरका के तलाश जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Uttar Pradesh news: सर्विलांस के मदद से क्राइम ब्रांच आ सहजनवा थाना के पुलिस ने शनिचर के भोर में मुख्य आरोपित ताहिर के सहजनवा क्षेत्र में घेर लेलस। पुलिस टीम पs उऽ फायरिंग कऽ के भागे लागल। जवाबी कार्रवाई में ओकरा दहिना गोर में गोली लाग गइल जवना के बाद पुलिस गिरफ्तार कऽ के बीआरडी मेडिकल कॉलेज में भर्ती करवलस। घटना में शामिल दूसरका आरोपित के तलाश चल रहल बा।

आजमगढ़ जिला के रहे वाली युवती से सामूहिक दुष्कर्म भइल रहे। सहजनवा थाना पुलिस आ क्राइम ब्रांच के टीम शनिवार की भोर में मुठभेड़ में संतकबीरनगर जिला के रहे वाला एगो आरोपित के गिरफ्तार कइलस। दहीना पैर में गोली लगला से घायल भइल आरोपित के बीआरडी मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गइल बा।

एसपी नार्थ जितेंद्र कुमार श्रीवास्तव बतवले कि आजमगढ़ के जीयनपुर इलाका के रहे वाली 20 वर्षीय युवती बियफे के सुबह सात बजे के करीब नाराज होके घर से निकल गइल। परिजन ओकर खोजबीन करत रहले कि एही बीच रास्ता में लइकी के लेके संतकबीरनगर जिला के ट्यूबेल कालोनी, मोतीनगर के रहे वाला ताहिर अली मिलल। नौकरी दिआवे के झांसा देके युवती के बस में बइठा के ताहिर गोरखपुर रोड पर ले आइल रहे।

रात में खिया देलस नशीला पदार्थ

रात में युवक कुछ नशीला पदार्थ खिला देलस। ओकरा बाद अपना एगो साथी के बोला के युवती के सहजनवा क्षेत्र में नदी के किनारे जंगल में ले जाके दुनु मिल के दुष्कर्म कइले। भोर में पीड़ित युवती पड़ोस के गांव में पहुंच के स्थानीय लोगन के घटना के जानकारी देलस। युवती के शरीर पs चोट के निशान रहे।

सहजनवा थाना पुलिस के मामला के जानकारी भइल तऽ युवती के थाना ले आइल आ ओकरा बादऽ उसके स्वजन के बतवलस। तहरीर के आधार पs सामूहिक दुष्कर्म के मुकदमा दर्ज कऽ के आरोपितन के तलाश चलत रहे। सर्विलांस के मदद से क्राइम ब्रांच आ सहजनवा थाना के पुलिस शनिचर के भोर में मुख्य आरोपित ताहिर के सहजनवा क्षेत्र में घेर लेलस।

पुलिस टीम पs उऽ फायरिंग कऽ के भागे लागल। जवाबी कार्रवाई में ओकरा दहिना पैर में गोली लाग गइल जवना के बाद पुलिस गिरफ्तार कऽ के बीआरडी मेडिकल कॉलेज में भर्ती करवलस। ताहिर के लगे से 315 बोर के एगो तमंचा, तीन कारतूस के खोखा आ एगो जिंदा कारतूस बरामद भइल बा। घटना में शामिल दूसरका आरोपित के तलाश चल रहल बा।

साभार – जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]