[the_ad_group id="30365"]

Chhapra News: छपरा जंक्शन पऽ चोर सन के तांडव, ब्लेड के तीन गो टूकड़ा के साथे करत रहले कांड; अब पुलिस धऽ के दबोचलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Chhapra News आरपीएफ आ जीआरपी के तत्वावधान में टीओपीबी (थेफ्ट आफ पैसेंजरर्स बिलागिंग) के विरुद्ध चलावल गइल आपरेशन के दौरान छपरा जंक्शन के प्लेटफार्म संख्या दू के पश्चिमी छोर पs तीन गो चोरन के गिरफ्तार कइल गइल बा।ओकनी लगे से यात्री से चोरी कइल गइल एगो पर्स के साथही नकद रुपये आ पाकेटमारी के काम में प्रयुक्त ब्लेड के तीन टूकड़ा बरामद कइल गइल।

गिरफ्तार कइल गइल चोरन के पहचान भगवान बाजार थाना क्षेत्र के काशी बाजार निवासी कृष्णा कुमार पिता शेषनाथ चौहान आ दाउदपुर थाना क्षेत्र के सिसवा गांव निवासी विकास तिवारी पिता चुन्नू तिवारी आ सूरज तिवारी पिता स्व. रमेश तिवारी के रूप में कइल गइल।

आरपीएफ के सहायक सुरक्षा आयुक्त मुकेश पवार आ इंस्पेक्टर मुकेश कुमार बतवले कि वरीय अधिकारी के निर्देश पs आरपीएफ आ जीआरपी द्वारा यात्री आ यात्री सामान के सुरक्षा खातिर छपरा जंक्शन पs टीओपीबी (थेफ्ट आफ पैसेंजरर्स बिलागिंग) के विरुद्ध आपारेशन चलावल जा रहल बा । एही दौरान चलत ट्रेनन के साथही प्लेटफार्म आ स्टेशन के सर्कुलेटिंग एरिया में कड़ा निगरानी कइल जा रहल बा।

प्लेटफार्म संख्या दू आ तीन के पश्चिमी छोर पs लउकल तीन  गो संदिग्ध लोगन से पूछताछ कइला पs तीनों लोग सकरलस कि उऽ लोग रेल यात्रियन के सामान के चोरी करे खातिर प्लानिंग करत रहे आ एकरा पहिलहू यात्रियन के सामान ,मोबाइल, पर्स आदि मौका देख के चोरी करत रहे।

बतवले कि एकनी के चोरी के योजना बना के भीड़ भाड़ वाली ट्रेनन आ प्लेटफार्म पs रेल यात्रियन के बैग भा पाकेट से कीमती सामान के चोरी भीड़ के फायदा उठा के कइल गइल अपराध करे के तरीका हऽ। एह अभियान में आरपीएफ के एसआइ प्रमोद कुमार, एएसआइ विजय रंजन आ आदित्य प्रकाश सिंह आ सिपाही विजय प्रताप सिंह के अलावा जीआरपी के एसआइ मुन्ना कुमार पांडेय आ आउर लोग शामिल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]