महाराष्ट्र में सियासी घमासान, विधानसभा परिसर में विपक्षी दलन के हंगामा, CM शिंदे के इस्तीफा के मांग

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 20, 2022

महाराष्ट्र विधानसभा परिसर में विपक्षी दलन द्वारा सरकार पs भ्रष्ट होखे के आरोप लगावत मंगर के विरोध-प्रदर्शन कइलस आ मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे के इस्तीफा के मांग कइल गइल। बंबई उच्च न्यायालय के नागपुर पीठ द्वारा

Share

महाराष्ट्र विधानसभा परिसर में विपक्षी दलन द्वारा सरकार पs भ्रष्ट होखे के आरोप लगावत मंगर के विरोध-प्रदर्शन कइलस आ मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे के इस्तीफा के मांग कइल गइल। बंबई उच्च न्यायालय के नागपुर पीठ द्वारा शिंदे द्वारा लिहल गइल एगो फैसला पS यथास्थिति बनावल राखे के आदेस देवे के पृष्ठभूमि में विपक्षी दलन के विधायक मुख्यमंत्री के इस्तीफा के मांग कर रहल बा।

राज्य के उद्धव ठाकरे नीत पूर्ववर्ती महा विकास अघाड़ी (एमवीए) सरकार में मंत्री रहल शिंदे झुग्गीवासियन के दिहल जाये वाला भूमि के कथित तौर पs कुछ आउर लोगन के आवंटित करे के निरदेस दिहल गइल। अदालत एकर फैसला पs यथास्थिति बनावल राखे के आदेस देले बा।न्याय मित्र अधिवक्ता आनंद परचुरे 14 दिसंबर के उच्च न्यायालय के एगो पीठ के बतवले कि शिंदे एमवीए सरकार के शहरी विकास मंत्री के रूप में अपना कार्यकाल के दौरान एनआईटी के झुग्गी निवासियन के आवास योजना खातिर अधिग्रहित भूमि आउर 16 लोगन के देवे के निरदेस दिहल गइल रहे।

विधान भवन इस्थित कांग्रेस कार्यालय में एमवीए नेता लोगन के बैठक के बाद नागपुर में राज्य विधानसभा के शीतकालीन सत्र के दूसरा दिन मंगर के महाराष्ट्र विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष अजीत पवार, कांग्रेस नेता नाना पटोले, पृथ्वीराज चव्हाण, बालासाहेब थोराट, शिवसेना (यूबीटी) के विधायक आदित्य ठाकरे आ आउर नेता विरोध-प्रदर्शन कइलें। एमवीए के नेता शिंदे सरकार के भ्रष्ट होखे के लेके नारेबाजी कइल आ मुख्यमंत्री के इस्तीफा के मांग कइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.