[the_ad_group id="30365"]

जम्मू-कश्मीर के पुंछ में वायुसेना के वाहन पs आतंकी हमला, तीन गो जवान घायल; सर्च ऑपरेशन सुरू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जम्मू कश्मीर के पुंछ जिला में शनिचर के सांझ के आतंकवादी सुरक्षा वाहन पs गोली चला दिहले. एह हमला में सेना के तीन जवान घवाहिल हो गइलें. अधिकारी ए मामिला के जानकारी देले।

अधिकारी बतवले कि सुरनकोटे के सनाई गांव में गोलीबारी के रिपोर्ट मिलल बा अवुरी एकर विवरण के पता लगावे खातीर सेना अवुरी पुलिस के इलाका में भेजल गईल बा। ई हमला आजु साँझ करीब 6:15 बजे भइल. एमईएस के एगो मिलिट्री गाड़ी शसटार से जारावाली के ओर जवान के लेके जात रहे।

रास्ता में बक्करवाल मोहल्ला सनाई के पास आतंकी हमला कs दिहले बाने सs। एह हमला में तीन जवान घवाहिल हो गइल बाड़े. बाकी जवान तुरंत आपन पोजीशन लेके गोलीबारी के जवाब देले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]