Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जम्मू-कश्मीर के पुंछ में वायुसेना के वाहन पs आतंकी हमला, तीन गो जवान घायल; सर्च ऑपरेशन सुरू

203

 

जम्मू कश्मीर के पुंछ जिला में शनिचर के सांझ के आतंकवादी सुरक्षा वाहन पs गोली चला दिहले. एह हमला में सेना के तीन जवान घवाहिल हो गइलें. अधिकारी ए मामिला के जानकारी देले।

अधिकारी बतवले कि सुरनकोटे के सनाई गांव में गोलीबारी के रिपोर्ट मिलल बा अवुरी एकर विवरण के पता लगावे खातीर सेना अवुरी पुलिस के इलाका में भेजल गईल बा। ई हमला आजु साँझ करीब 6:15 बजे भइल. एमईएस के एगो मिलिट्री गाड़ी शसटार से जारावाली के ओर जवान के लेके जात रहे।

रास्ता में बक्करवाल मोहल्ला सनाई के पास आतंकी हमला कs दिहले बाने सs। एह हमला में तीन जवान घवाहिल हो गइल बाड़े. बाकी जवान तुरंत आपन पोजीशन लेके गोलीबारी के जवाब देले।

 

 

 

814320cookie-checkजम्मू-कश्मीर के पुंछ में वायुसेना के वाहन पs आतंकी हमला, तीन गो जवान घायल; सर्च ऑपरेशन सुरू

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.