[the_ad_group id="30365"]

विश्व बैंक 2022 खातिर चीन के विकास दर के अनुमान घटवलस, 4.3% से घटा के कइलस 2.7%

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मंगर के जारी अपने एगो रिपोर्ट में विश्व बैंक वर्ष 2022 में चीन के विकास दर के अनुमान 4.3 प्रतिशत से घटा के 2.7 प्रतिशत कर दिहले बा। 4.3 प्रतिशत के आंकड़ा विश्व बैंक के ओर से जून के महीना में जारी कइल गइल रहे। ई कटौती विश्व बैंक के ओर से चीन में महामारी अउर प्रोपर्टी सेक्टर में कमजोरी के कारण कइल गइल बा।

विश्व बैंक अपने रिपोर्ट नेविगेटिंग अनसर्टिनिटी, चाइना इकोनॉमी इन 2023 में बतवले बा कि महामहारी के दौरान चीन के पब्लिक हेल्थ पॉलिसी बहुत कठोर रहल बा। लोग के स्वास्थ्य के देखत ई ठीक बा लेकिन एकर अर्थव्यवस्था पs नकारात्मक असर पड़ रहल बा।

विश्व बैंक अपने रिपोर्ट में कहले बा कि चीन में बेरोजगारी बढ़ल बा। अक्तूबर महीना में ई बढ़ के 18 प्रतिशत पर पहुंच गइल बा। सरकार के नीतिगत प्रतिक्रिया काफी हद ले अल्पकालिक समर्थन पर निर्भर करsला अउर एके अउर अधिक संरचनात्मक उपाय के संगे पूरक बनावल जा सकsता।

श्रम बाजार पs महामारी के प्रतिकूल प्रभाव के कम करे के, नीति निर्माता लोग रोजगार सब्सिडी अउर सार्वजनिक काम के कार्यक्रम पेश कइल गइल बा। विश्व बैंक के रिपोर्ट में कहल गइल बा कि अंतरराष्ट्रीय अनुभव के आधार पर ई कहल जा सकsता कि ई उपाय मंदी के दौरान श्रम के मांग के समर्थन कइले में प्रभावी हो सकsता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]