अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के! बहुते दिलचस्प बा शोले फिलिम बनले के कहानी

By Anurag Ranjan

Published on: May 5, 2024

      खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के

Share

 

 

 

खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही।

आजू पढ़ी फिलिम शोले के निर्माण में स्टार कलाकारन के चयन केंगा भइल.

फिलिम ‘शोले’ परदा पs देखला पs जेतना मसालेदार लउकेला, ओकर निर्माण के कहानीओ कम रोचक नइखे. फिलिम शोले के निर्माण से पहिले भी अपना स्टार कलाकारन के चयन के चलते चर्चा में आ गईल रहे।

फिलिम ‘शोले’ के पटकथा सलीम-जावेद लिखले बाड़न. पटकथा लिखत घरी ई तय ना भइल रहे कि के कवन किरदार निभाइ. पटकथा पूरा भइला के बाद फिलिम निर्देशक रमेश सिप्पी सबसे पहिले संजीव कुमार आ अमिताभ बच्चन के कलाकारन के भूमिका कास्ट कइले .

स्क्रिप्ट सुनला के बाद दुनु कलाकारन के आपन किरदार ना पसंद आइल बल्कि गब्बर के किरदार पसंद आइल . ई दुनु कलाकार गब्बर के किरदार एक-एक कs के निभावे के चाहत देखवले. ओह घरी गब्बर के एह फिलिम खातिर चयन ना भइल रहे.

रमेश शिप्पी दुनु जने के साफ कs दिहलन कि उनुका नजर में एह फिलिम के गब्बर केहू दोसर बा. ओह घरी डैनी डैनजप्पा टॉप विलेन रहले. गब्बर के ई भूमिका उनुका के पेश कइल गइल.

डैनी के ई भूमिका बहुते नीक लागल आ ऊ एह भूमिका के करे के तइयार हो गइलन. कुछ समय बाद पता ना डैनी के दिमाग में का आईल, उ तारीख के समस्या के हवाला देत इs भूमिका करे से मना कs देले।

गब्बर के खोज फिर से शुरू हो गईल। केहु रमेश सिप्पी के अमजद खान के नाम सुझा दिहलस। ओह घरी अमजद फिलिमन में सक्रिय ना रहले. ऊ रंगमंच करत रहले. हालांकि उनुका एगो छोट बजट के फिलिम ‘लव एंड गॉड’ मिलल. बाकिर अबहीं ले एह फिलिम के निर्माण शुरू ना भइल रहे. अमजद एह भूमिका के स्वीकार कs लिहलन.

गब्बर के चुनाव के बाद बसंती के चुनाव भईल। बसंती चुने में कवनो खास दिक्कत ना रहे। रमेश सिप्पी पहिलही तय कs लिहले रहले कि एह किरदार खातिर ऊ हेमा मालिनी के कास्ट करीहें. हेमा भी एह बात पs सहमत हो गईली।

अब फिलिम के वीरू के खोज शुरू हो गइल. एह भूमिका खातिर धर्मेन्द्र से बात भइल. पटकथा सुनला के बाद धर्मेन्द्र के वीरू के जगहा ठाकुर के किरदार बहुते नीक लागल. ठाकुर के किरदार खातिर संजीव कुमार के फाइनल कs दिहल गइल रहे. धर्मेन्द्र अडिग रहलन कि ऊ ठाकुर के किरदार निभावल चाहत बाड़न.

रमेश सिप्पी इहाँ एगो ट्रिक खेलले। रमेश सिप्पी कहले कि अगर रउरा के ठाकुर के किरदार दिहल जाव तs संजीव कुमार वीरू के किरदार निभाविहें. एह नया प्रस्ताव के सुन के धर्मेन्द्र चुपचाप वीरू के भूमिका पs सहमत हो गइलन. धर्मेंद्र संजीव कुमार अवुरी हेमा मालिनी के बीच कवनो प्रकार के जोड़ी ना चाहत रहले.

धर्मेन्द्र के ओह घरी हेमा के प्यार में रहले। इंडस्ट्री भी संजीव कुमार के हेमा के प्रेमी मानत रहे। धर्मेन्द्र के फाइनल करत ही फिल्म के शूटिंग शुरू हो गईल। एह फिलिम के हर किरदार एक तरह के लीजेंड बा जवन आजुओ जिंदा बा.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.