अरविंद केजरीवाल के जमानत पऽ सुप्रीम कोर्ट के बड़ टिप्पणी, कहलस- विचार कइल जा सकऽता, केस में समय लागी 

By Anurag Ranjan

Published on: May 3, 2024

Delhi Excise Policy Scam मामला में ईडी के ओर से मनी लॉन्ड्रिंग के आरोप में गिरफ्तार दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल खातिर शुक के सुप्रीम कोर्ट के सुनवाई कुछ राहत लेके आइल। सुप्रीम कोर्ट के

Share

Delhi Excise Policy Scam मामला में ईडी के ओर से मनी लॉन्ड्रिंग के आरोप में गिरफ्तार दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल खातिर शुक के सुप्रीम कोर्ट के सुनवाई कुछ राहत लेके आइल। सुप्रीम कोर्ट के दो जजन के बेंच सुनवाई करत घरी कहलस कि उऽ चुनाव के देखत केजरीवाल के अंतरिम जमानत देवे पs कइल जा सकऽता। हालांकि ई होई भा ना एकर फैसला मंगर के होई।

Delhi Excise Policy Scam मामला में जेल में बंद दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल आपन गिरफ्तारी के खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में याचिका दायर कइले बाड़े। एह मामला में आज जतना सुनवाई भइल उऽ केजरीवाल खातिर कई मायनन में राहत देवे वाली रहल।

सुप्रीम कोर्ट के दो जजन के बेंच सुनवाई करत घरी कहलस कि उऽ चुनाव के देखत केजरीवाल के अंतरिम जमानत देवे पs कइल जा सकऽता। हालांकि ई होई भा ना एकर फैसला मंगर के होई।

ईडी ने मंगलस आपन पक्ष राखे के समय

एपर जब ईडी कहलस कि कवनो फैसला सुनावे से पहिले उऽ लोग के अपना पक्ष राखे के पूरा मौका देवे के चाही तऽ कोर्ट कहलस कि उऽ अबही एपर कवनो विचार नइखे करत, काहेकि एमें समय लागी।

जब केजरीवाल के वकील कोर्ट से मंगर के बजाय सोमार के सुनवाई खातिर कहले तऽ कोर्ट कह देलस कि उऽ अबही कवने तरे कमेंट ना करी, मंगरे के फैसला सुनावल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.