Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

India vs Bangladesh: भारत के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर बांग्लादेश टीम के भइल ऐलान, शाकिब अल हसन के भइल वापसी

995

स्टार ऑलराउंडर शाकिब अल हसन अगिला हफ्ता भारत के खिलाफ सुरू होखे वाला तीन मैचन के वनडे सीरीज खातिर बांग्लादेश के टीम खातिर उपलब्ध होइहें। शाकिब अगस्त में जिम्बाब्वे के खिलाफ पिछला सीरीज में ना खेल सकल रहस, जेमे बांग्लादेश के टी20 आ वनडे सीरीज में हार के सामना करे के पड़ल रहे।

जिम्बाब्वे सीरीज से पहिले शाकिब दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ ओकरा सरजमीं पs बांग्लादेश के पहिला जीत में 64 गेना में 77 रन के पारी खेलके अहम भूमिका निभवले रहस। बांग्लादेश बाद में दक्षिण अफ्रीका के सरजमीं पs पहिला वनडे सीरीज (2-1 से) जीतले रहे।

मुख्य चयनकर्ता मिन्हाजुल अबेदिन बियफे के कहलें, ”शाकिब के टीम में वापसी से हमनी के वनडे टीम आउर मजबूत होई।” ऊ कहलें, ”भारत बहुत मजबूत टीम हs बाकिर हमनी के निम्मन प्रदर्शन के उम्मेद बा काहेकि हमनी के अपने मैदान पs खेलेम सs। ई टीम भारत के चुनौती दे सकत बा।

साल 2015 के बाद ई बांग्लादेश में भारत के पहिला द्विपक्षीय श्रृंखला होई। एकरा बाद दु टेस्ट मैच खेलल जाई। दुनो टीमन के बीच तीन वनडे चार, सात आ 10 दिसंबर के खेलल जाई, जबकि पहिला टेस्ट 14 से 18 दिसंबर आ दूसरा 22 से 26 दिसंबर तक होई।

बांग्लादेश टीम एह तरे बा:

तमीम इकबाल (कप्तान), लिटन दास, अनामुल हक, शाकिब अल हसन, मुश्फिकुर रहीम, अफीफ हुसैन, यासिर अली चौधरी, मेहदी हसन मिराज, मुस्ताफिजुर रहमान, तास्किन अहमद, हसन महमूद, इबादत हुसैन चौधरी, नासुम अहमद, महमूदुल्लाह, नजमुल हुसैन शांटो, नुरूल हसन सोहन।

भारतीय स्क्वॉड में भइल बदलाव

एकरा पहिले भारत के अनुभवी ऑलराउंडर रवींद्र जडेजा आ जुवा तेज गेंदबाज यश दयाल बांग्लादेश के खिलाफ दिसंबर में होखे वाला वनडे सीरीज से बाहर हो गइल बा लो। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) बुध के ई जानकारी देलस। बीसीसीआई बतवलस कि एह दुनो खिलाड़ियन के स्थान पs तेज गेंदबाज कुलदीप सेन आ हरफनमौला शाहबाज अहमद के टीम में तलब कइल गइल बा।

कुलदीप आ शाहबाज़ के एकरा पहिले 25 नवंबर से ऑकलैंड में न्यूजीलैंड के खिलाफ सुरू होखे वाला तीन मैचन के एकदिवसीय सीरीज खातिर टीम में नामित कइल गइल रहे, हालांकि अब ऊ बांग्लादेश जाये वाला टीम के हिस्सा होइ लो। न्यूजीलैंड में वनडे टीम में एह लो के जगह के सामिल नइखे कइल गइल।

बांग्लादेश वनडे खातिर भारतीय टीम:

रोहित शर्मा (कप्तान), केएल राहुल (उपकप्तान), शिखर धवन, विराट कोहली, रजत पाटीदार, श्रेयस अय्यर, राहुल त्रिपाठी, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), इशान किशन, शाहबाज़ अहमद, अक्षर पटेल, वाशिंगटन सुंदर, शार्दुल ठाकुर, मोहम्मद शमी, मोहम्मद सिराज, दीपक चाहर, कुलदीप सेन।

390700cookie-checkIndia vs Bangladesh: भारत के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर बांग्लादेश टीम के भइल ऐलान, शाकिब अल हसन के भइल वापसी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.