[the_ad_group id="30365"]

स्वाद यात्रा: सावन सोमवारी व्रत स्पेशल साबूदाना डोसा/व्रत वाला डोसा के रेसिपी जानी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय पाक कला में, डोसा एगो कुरकुरा स्वादिष्ट चिल्ला हs। प्रमुख्त दक्षिण भारत के व्यंजन विश्वविख्यात बा। सावन के आज चउथा सोमवारी हs अइसे में स्वाद यात्रा में फलहार करे वाला लोग खातिर किसिम- किसिम के व्यंजन लियावल हमनी दायित्व बा। ताकि व्रत में भी स्वाद के आनंद ऊ लोग ले सके । तs आई जानल जाओ साबूदाना के डोसा बनावे के विधि।

सामग्री / मेजन 

  • 1/4 कप साबूदाना
  • 1/4 कप सामक
  • 4 छोट चम्मच दही
  • 1/4 कप पानी
  • 1/4 छोट चम्मच सेंधा नमक
  • 3 छोट चम्मच घी

आलू के भरावन खातिर 

  • 4 मद्धिम आकार के आलू
  • 2 हरी मिर्च
  • 1/2 इंच अदरक
  • 1 छोट चम्मच जीरा
  • 10-12 काजू
  • 7-8 करी पत्ता
  • 1 बड़ा चम्मच हरियर धनिया
  • 1/4 छोट चम्मच सेंधा नमक
  • 1/4 छोट चम्मच कालीमिर्च पाउडर
  • 1 छोट चम्मच घी

 

विधि

1. साबूदाना आ सामक के अलगा-अलगा पीस के छान लिही।

2. एहमें दही,सेंधा नमक आ पानी मिलाकर गाढा घोल बना ली, आ 20 मिनट खातिर अलगा राख दीही।

3.आलू के उबाल के छील लीहि,अदरक हरी मिर्च के बारीक काट लें।

4.पैन में घी गर्म करी,जीरा आ काजू डालकर धीमी आंच कs भुजी, हरीयर मरिचा,अदरक करी पत्ता मिलाई।

5.उबलल आलू के मसल के मिलाई, सेंधा नमक आ कालीमिर्च पाउडर डालकर मिक्स करी, धनिया मिलाकर आलू की भरावन तैयार करे।

6.एक नॉन स्टिक तावा पs हल्का सा घी लगाई आ पानी के छिटका देइके टिश्यू से साफ कs लीहि, डोसा के घोल के गोलाई में फइलाई।

7.धीमा आंच पs हल्का सुनहरा होखे तक सेकी,जरुरी होए तs चारो तरफ घी लगाई,जब किनारें से डोसा अलग होखे लागे तs ,आलू के मसाला बीच में भरी आ मोड़ दीही

8.धनिया पत्ता के सात्विक चटनी के साथ सर्व करी,करारा साबूदाना डोसा

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]