[the_ad_group id="30365"]

इ हऽ दुनिया के सबसे अमीर डॉग, BMW कार में घूमेला, आलीशान बंगला में रहेला, जानीं एकर नेटवर्थ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खाली इंसान ना, जानवरो अब अमीर हो रहल बाड़े। इटली में रहे वाला एगो कुत्ता के दुनिया के सबसे अमीर कुत्ता बतावल जाता। एह कुत्ता के लगे हजारो करोड़ रुपिया के संपत्ति बा। एतने ना, उ बीएमडब्ल्यू कार में सफर करेला आ एगो आलीशान बंगला में रहेला। जान लीं कि ओकर धन केतना बा..

अक्षय कुमार के एगो फिलिम साल 2014 में रिलीज भइल रहे। नाम रहे एंटरटेनमेंट। एह सिनेमा में देखावल गइल बा कि एगो आदमी आपन सब धन अपना कुत्ता के नाम पs छोड़ के मर जाला। ऊ कुत्ता बहुते अमीर हो जाला आ घर के नौकर ओकर बहुते ख्याल राखेलें। फिल्म के उलट असल जिनिगीयो में कहानी एके जइसन बा। ई कहानी गुंथर VI (Gunther VI) नाम के एगो कुकुर के हऽ जवन इटली में आलीशान जिनिगी जियत बा। जर्मन शेफर्ड नस्ल के ई कुकुर दुनिया के सबसे अमीर कुकुर मानल जाला। एह कुकुर के नाम पs हजारो करोड़ रुपिया के संपत्ति बा।

जर्मनी की रहने वाली काउंटेस कोर्लोटा लिबेनस्टीन काफी अमीर महिला रहली। काउंटेस के मतलब बेहद अमीर शख्स भा राजा के पत्नी/विधवा से होला। इनकर ना तऽ कोई संतान होला आ नाहीं कोई रिश्तेदार। लिबेनस्टीन के लगे जर्मन शेफर्ड नस्ल के एक डॉग था, जवना के नांव गुंथर III रहे। लिबेनस्टीन मरने से पहिले आपन सारा संपत्ति गुंथर III के नांवे कऽ देली। गुंथर III की मौत के बाद इ संपत्ति गुंथर III के वंशज गुंथर VI के नांवे हो गइल। इ डॉग दुनिया के सबसे अमीर डॉग बतावल जा रहल बा। रउआ जान के हैरानी होई कि एह डॉग के लगे करीब 400 मिलियन डॉलर (करीब 3358 करोड़ रुपये) के संपत्ति बा।

गुंथर v। के जिनिगी काफी आलीशान बा। ई कुत्ता बीएमडब्ल्यू कार के सवारी करेला। एह कुत्ता के नांव पs एगो फुटबाल क्लबो बा। बता दीं कि ई कुत्ता मशहूर पॉप गायिका मैडोना के पुरान बंगला में रहेला। ई बंगला मैडोना से 2.9 करोड़ डॉलर में खरीदल गइल रहे। एह कुत्ता के एगो बड़हन नौका बा। कई गो नौकर एह कुत्ता के पूरा देखभाल करेलें। आलीशान रात के खाना खाए के अलावे इ कुत्ता नौका यात्रा पs दुनिया भर में घूमेला।

एकर संपत्ति के देख रेख के करेला?

सबसे बड़ सवाल बा कि ए कुत्ता के संपत्ति के प्रबंधन के करेला। एगो रिपोर्ट के मुताबिक ए कुत्ता के संपत्ति के संभाले खाती ट्रस्ट बनावल गइल बा। ई ट्रस्ट एह कुत्ता के पइसा के निवेश करेला। ताकी ई धन बढ़त रहे। एकरा से मिले वाला आमदनी कुत्ता के देखभाल आ बाकी महत्वपूर्ण चीज़ प खर्च होखेला।

कुत्ता पऽ जुर्मानो लगावल गइल रहे

एह कुत्ता पऽ एगो डॉक्यूमेंट्रीयो बनल बा। एकर नाम गुंथर मिलियन ह। ई डॉक्यूमेंट्री नेटफ्लिक्स पs उपलब्ध बा। रउआ ई जान के हैरान होखब कि एह कुत्ता पs जुर्माना लगावल गइल रहे। एक दिन एह कुत्ता के गाड़ी में एगो डॉक्यूमेंट्री शूट होखे वाला रहे। ई कुत्ता ड्राइवर के बगल के सीट पs बइठल रहे। एकरा में सीट बेल्ट ना लागल रहे, जवना के चलते ए कुत्ता प सामान्य इंसान निहन जुर्माना लगावल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]