[the_ad_group id="30365"]

कजरी: यायावरी वाया भोजपुरी पs रिलीज भइल, पारंपरिक कजरी गीत ”बरसन लागे ‘कजरी’ ”

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कजरी पूर्वी उत्तर प्रदेश के प्रसिद्ध लोकगीत हs। इs सावन के महीना में गावल जाला। एह में श्रृंगार रस के प्रधानता होला। सावन के महीना आवते हर जगह हरियाली छा जाला, झूला पड़े लागेला आ एह खास मौका पs गावल गीत के कजरी लोकगीत कहल जाला।

भोजपुरी भाषा आ साहित्य खातिर समर्पित संस्था “यायावरी वाया भोजपुरी” के यूट्यूब चैनल पs काल्ह अतवार के परंपरागत कजरी गीत ” बरसन लागे कजरी” रिलीज भइल हs।

मधुर आवाज से सजल इs गीत

“यायावरी वाया भोजपुरी” द्वारा भोजपुरी परंपरागत कजरी गीत “शालिनी आ श्रेया दुबे” के आवाज से सजल बा, इन लोगन के ‘दुबे सिस्टर’ के नाम से भी जानल जाला. म्यूजिक प्रोडक्शन के जिम्मा ‘आरसी प्रोडक्शन’ के सुशांत देव आ रवि शंकर विश्वकर्मा उठवले बाडन। फिल्मांकन के जिम्मा ” वन शॉट फिल्म्स” के टीम निभवले बिया जेमे सुमित तिवारी, सुधांशु आ पिंटू प्रमुख बाड़े। एह पारम्परिक गीत में ‘इशिता, प्रियंका, वैभवी आ जानवी अभिनय कइले बाड़ी लो।

कजरी गीत आ गइल बा, जरूर सुनीं सभे… पसन आवे तs शेयर करीं…

बता दीं कि भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग ऐप “यायावरी वाया भोजपुरी” अपना ऐप पs देस-बिदेस के कहानियन के सुनावे खातिर जानल जाला। एकरा संगे यूट्यूब चैनल पs हर महीना पारंपरिक, लोक संस्कृति आ भक्ति रस से भरल गीतन के निर्माण कs के यूट्यूब चैनल के माध्यम से आम जनता ले पहुंचावे के काम संस्था द्वारा कइल जाला।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]