[the_ad_group id="30365"]

मुख्तार के माफिया कहला पs भड़कलें समर्थक: मीडियाकर्मी के बाहर निकालल लो; जनाजा के तइयारी सुरू, 10 बजे सुपुर्द-ए-खाक कइल जाई 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Lमुख्तार अंसारी के सनीचर के सबेरे 10 बजे गाजीपुर के कालीबाग कब्रिस्तान में दफन कइल जाई। गाजीपुर में मुख्तार के पैतृक घर के बाहर बड़ संख्या में भीड़ जुटल बिया। पुलिस गाजीपुर में सुरक्षा बढ़ा देले बिया। जगह-जगह बैरिकेडिंग कइल गइल बा।

मुख्तार उत्तर प्रदेश के बांदा जेल में बंद रहे। 28 मार्च के रात ओकरा के बेहोशी के हालत में रानी दुर्गावती मेडिकल कॉलेज ले आवल गइल रहे। नौ गो डॉक्टर ओकर इलाज कइल लो, बाकिर मुख्तार के बचावल ना जा सकल।

मुख्तार कइयन बेर कह चुकल रहे कि जेल में ओकरा के मारे के साजिश कइल जा रहल बा। ओकरा के जहर दिहल जा रहल बा। ढाई घंटे चलल पोस्टमार्टम के बाद मुख्तार के मौत के वजह कार्डियक अरेस्ट बतावल गइल। मुख्तार के शव सुक के रात एक बजके 15 मिनट पs गाजीपुर इस्थित पुश्तैनी घर ले आवल गइल।

एने, पूरा राज्य में सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा। मऊ आ गाजीपुर में धारा 144 लागू कs दिहल गइल बा। बांदा में सुरक्षा के विशेष इंतजाम कइल गइल बा। मवका पs बड़ संख्या में पुलिसकर्मी तैनात कइल गइल बा लो। DGP मुख्यालय के ओर से सतर्कता बरते के निरदेस दिहल गइल बा।

एगो मीडियाकर्मी के मुख्तार के माफिया कहके संबोधित कइला समर्थक लोग बहरी निकाल दिहल, एकर विडियो तेजी से वायरल हो रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]