[the_ad_group id="30365"]

मुख्तार अंसारी के पोस्टमार्टम सुरू : बॉडी बांदा से गाजीपुर पहुंचे में लागी 7-8 घंटा, सांझ के सुपुर्द-ए-खाक कइल जा सकत बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के बांदा जेल में बंद मुख्तार अंसारी के कार्डियक अरेस्ट से बियफे के रात के मौत हो गइल। ओकरा के उल्टी के शिकायत आ बेहोशी के हालत में रात 8:25 बजे जेल से रानी दुर्गावती मेडिकल कॉलेज ले जाइल गइल रहे। नव गो डॉक्टर इलाज कइल लो, बाकिर ओकरा के बचावल ना जा सकल।

आज तीन डॉक्टरन के पैनल सहित पांच लोगन के टीम मुख्तार के शव के पोस्टमार्टम कs रहल बिया। ओकर शव परिजनन के सउपल जाई। एकरा बाद सड़क के रास्ते मुख्तार के पुश्तैनी घर गाजीपुर ले आवल जाई। इहां काली बाग कब्रिस्तान में ओकरा के सुपुर्द-ए-खाक कइल जाई। ओकरा खातिर तइयारी सुरू हो गइल बा।

ओने, पूरा राज्य में सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा। मऊ आ गाजीपुर में धारा 144 लागू कs दिहल गइल बा। बांदा में सुरक्षा के विशेष इंतजाम कइल गइल बा। मवका पs बड़ संख्या में पुलिसकर्मी तैनात कइल गइल बा लो। DGP मुख्यालय के ओर से सतर्कता बरते के निरदेस दिहल गइल बा।

एकरा पहिले मंगर के मुख्तार के तबीयत बिगड़ल रहे। 14 घंटा अस्पताल में भर्ती रहला के बाद उनका के डिस्चार्ज कs दिहल गइल रहे। कुछ दिन पदिलही मुख्तार के भाई अफजाल दावा कइले रहस कि उनका के जेल में धीमा जहर देके मारे के कोसिस कइल जा रहल बा। मुख्तार अंसारी 2005 से सजा काटत रहे। अलग-अलग ममिलन में ओकरा दु बेर उम्रकैद भइल रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]