PPF भा Sukanya Samriddhi Yojana में बा खाता तs तुरंत करीं ई काम, ना तs बंद हो जाई राउर अकाउंट

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 22, 2023

पब्लिक प्रोविडेंट फंड (PPF) आ सुकन्या समृद्धि योजना (SSY) में जदि राउरो अकाउंट बा तs ई खबर रउआ खातिर मददगार साबित हो सकत बा। एह दुनो योजनन के तहत जदि एह वित्त वर्ष में कुछूओ

Share

पब्लिक प्रोविडेंट फंड (PPF) आ सुकन्या समृद्धि योजना (SSY) में जदि राउरो अकाउंट बा तs ई खबर रउआ खातिर मददगार साबित हो सकत बा। एह दुनो योजनन के तहत जदि एह वित्त वर्ष में कुछूओ नइखे डालल गइल तs जल्दिये कुछ रुपिया डाल दीं। अइसन ना कइला पs राउर ई अकाउंट बंद हो सकत बा आ फेर से स्टार्ट करावे खातिर रउआ जुर्माना भरे के पड़ सकत बा। तो चलीं जानल जाव एकरा से जुड़ल नियम।

का बा नियम?

नया नियम के रूप में एह दुनो अकाउंट में मिनिमम अमाउंट होखल जरूरी बा आ एह साल खातिर एमे पईसा डाले के आखिरी तारीख 31 मार्च 2023 बा। एक वित्त वर्ष में ई रकम डालना जरूरी बा, काहेकि अइसन ना कइला पs खाता बंद तs होखबे करेला, संगही जुर्मनो देवे के पड़ेला। एकरा अलावे, एह अकाउंट पs रउआ लोन ना मिली। रउआ एह खाता से पईसा ना निकाल सकेम।

सार्वजनिक भविष्य निधि (PPF)

सार्वजनिक भविष्य निधि (PPF) में एक साल में कम से कम 500 रुपिया जमा कइल जरूरी होला। अगर आखिरी तारीख तक एह अकाउंट में पईसा जमा नइखे कइल जा तs रउआ हर साल के हिसाब से 50 रुपिया जुर्माना के रूप में देवे के होई। जानकारी खातिर बता दीं कि PPF खाता में 15 साल के लॉक-इन होला, बाकिर कार्यकाल समाप्त होखला से पपहिले लोन आ bआंशिक निकासी के सुविधा बा। पीपीएफ खाता पs अभी 7.1% ब्याज मिल रहल बा।

सुकन्या समृद्धि योजना (SSY)

सुकन्या समृद्धि योजना में हर साल में मिनिमम 250 रुपए जमा करे के होला आ ई पईसा ना जमा कइला पs 50 रुपिया जुर्माना देवे के पड़ेला। सुकन्या समृद्धि योजना के तहत 10 साल भा ओसे कम उमिर के लईकी के अभिभावक ओकर अकाउंट खुलवा सकत बा आ ई खाता 21 साल भा लईकी के 18 साल के होखे आ बियाह होखला तक वैध बा। सुकन्या समृद्धि योजना अकाउंट पs अभी 7.6% ब्याज मिल रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.