Bank FD: ई सरकारी बैंक बढ़ा देलस एफडी पs ब्याज, आम आदमी से सीनियर सिटिजन तक सबके मिल रहल बा फायदा

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 7, 2023

Canara Bank FD Rates: जदि निवेश करे के सोच रहल बानी तs सार्वजनिक क्षेत्र के ऋणदाता केनरा बैंक (Canara Bank) सावधि जमा (Fixed Deposit-FD) पs जबरदस्त ब्याज दे रहल बा। केनरा बैंक दु करोड़ रुपिया

Share

Canara Bank FD Rates: जदि निवेश करे के सोच रहल बानी तs सार्वजनिक क्षेत्र के ऋणदाता केनरा बैंक (Canara Bank) सावधि जमा (Fixed Deposit-FD) पs जबरदस्त ब्याज दे रहल बा। केनरा बैंक दु करोड़ रुपिया से कम के एफडी के ब्याज दरन के बढ़ा देले बा। संगही नया एफडी दर 5 अप्रिल, 2023 से प्रभावी हो गइल बा।

बता दीं कि केनरा बैंक सात दिन से लेके दस साल तक के मेच्योरिटी वाला जमा पs ब्याज दरन के पेशकश कs रहल बा आ एमे आम जनता से लेके वरिष्ठ नागरिकन के जमा ब्याज दरन में संशोधन कइल गइल बा। तs चलीं देखल जाव नया दरन के पूरा लिस्ट।

FD के नया दर

केनरा बैंक के नया ब्याज दर एह तरे से बा-

  • 7-45 दिनों में परिपक्व होखे वाला सावधि जमा पs ब्याज -4.00 फीसद
  • 46-90 दिनन में परिपक्व होखे वाला सावधि जमा पs ब्याज- 5.25 फीसद
  • 91-179 दिनन में परिपक्व होखे वाला सावधि जमा पs ब्याज- 5.50 फीसद
  • 180- 269 दिनन में परिपक्व होखे वाला सावधि जमा पs मिले वाला ब्याज- 6.25 फीसद
  • 270 दिनन से 1 साल में परिपक्व होखे वाला पs जमा पs ब्याज- 6.50 फीसद
  • 1 साल में परिपक्व होखे वाला सावधि जमा पs ब्याज- 7.00 फीसद
  • 444 दिनन में परिपक्व होखे वाला सावधि जमा पs ब्याज- 7. 45 फीसद
  • 1 साल से जादे आ 2 साल से कम तक के जमा राशि पs ब्याज-6.90 फीसद
  • 2 साल से बेसी आ 3 साल से कम के जमा राशि पs मिले वाला ब्याज- 6.80 फीसद
  • 5 साल भा ओकरा से जादे, बाकिर 10 साल से कम के जमा राशि पs ब्याज- 6.70 फीसद

सीनियर सिटिजन खातिर ब्याज दर

  • 7-45 दिनन में परिपक्व होखे वाला सावधि जमा पs ब्याज -4.00 फीसद
  • 46-90 दिनन में परिपक्व होखे वाला सावधि जमा पs ब्याज- 5.25 फीसद
  • 91-179 दिनन में परिपक्व होखे वाला सावधि जमा पs ब्याज- 5.50 फीसद
  • 180- 269 दिनन में परिपक्व होखे वाला सावधि जमा पs मिले वाला ब्याज- 6.75 फीसद
  • 270 दिनन से।1 साल में परिपक्व होखे वाला जमा पs ब्याज- 7.00 फीसद
  • 1 साल में परिपक्व होखे वाला सावधि जमा पs ब्याज- 7.50 फीसद
  • 444 दिनन में परिपक्व होखे वाला सावधि जमा पs ब्याज- 7. 75 फीसद
  • 1 साल से जादे आ 2 साल से कम तक के जमा राशि पs ब्याज-7.40 फीसद
  • 2 साल से जादे आ 3 साल से कम के जमा राशि पs मिले वाला ब्याज- 7.35 फीसद
  • 5 साल भा ओकरा से जादे, बाकिर 10 साल से कम के जमा राशि पs ब्याज- 7.20 फीसद

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.