Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP GIS 2023: सीएम योगी आदित्यनाथ बोललें- भारतीय अर्थव्यवस्था के विकास खातिर यूपी में निवेश जरूरी

UP Investors Summit 2023: यूपी ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट 2023 में दूसरका द‍िन मुख्‍यमंत्री योगी आद‍ित्‍यनाथ नीदरलैंड आ सिंगापुर के उच्चायुक्त से मुलाकात कइलें। एह दौरान सीएम योगी इहो बतवलें या क‍ि सिंगापुर के उद्यमी लोग 29 हजार करोड़ के 20 एमओयू पs हस्ताक्षर कइले बा लो।

6,910

UP Investors Summit 2023: यूपीजीआइएस-23 के कंट्री पार्टनर नीदरलैंड आ सिंगापुर के प्रतिनिधिमंडल सनीचर के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से मुलाकात कइलस। नीदरलैंड के उच्चायुक्त मार्टिन वेन डेन बर्ग आ सिंगापुर के उच्चायुक्त साइमन वांग मुख्यमंत्री से अलग-अलग मुलाकात में अपना देस के निवेश योजनन के जानकारी देलें आ उत्तर प्रदेश के विकास में भागीदारी के भरोसा दिलवलें।

सिंगापुर के उद्यमियन द्बारा 29 हजार करोड़ के 20 एमओयू पs कइल गइल हस्ताक्षर

मुलाकात के दौरान मुख्यमंत्री प्रदेश सरकार के विजन केडी साझा करत कहलें कि प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के मंत्र रिफार्म, परफार्म आ ट्रांसफार्म के आत्मसात कs के यूपी देस के ग्रोथ इंजन के भूमिका निभावे के तइयार बा। इहो कहलें कि उत्तर प्रदेश में निवेश के मतलब भारत के अर्थव्यवस्था के तेज कइल बा। बता दीं कि जीआइएस में सिंगापुर के उद्यमियन द्बारा 29 हजार करोड़ के 20 एमओयू पs हस्ताक्षर कइल गइल बा।

यूपी में अध्यात्म आ ईको टूरिज्म में अपार संभावना- सीएम योगी

सिंगापुर के प्रतिनिधिमंडल से मुलाकात के क्रम में मुख्यमंत्री कहलें कि भारत के आजादी में सिंगापुर के महत्वपूर्ण योगदान बा। पार्टनर कंट्री के तौर पs सिंगापुर जीआइएस-23 से जुड़े वाला सबसे पहिला देस बा। जवना तरह से निवेशक यूपी में निवेश कर रहल बा लो। 2027 तक उत्तर प्रदेश अपना अर्थव्यवस्था के वन ट्रिलियन डालर बनावे में सफल रही। सीएम योगी कहलें कि यूपी में अध्यात्म आ ईको टूरिज्म में अपार संभावना बा।

नीदरलैंड के जुड़ला से हमनी के सहभागिता आउर मजबूत होई 

ओहिजा, भारत में नीदरलैंड के उच्चायुक्त मार्टिन वेन डेन बर्ग के नेतृत्व में आइल डच प्रतिनिधिमंडल सीएम योगी से उत्तर प्रदेश में अपना निवेश के अनुभव साझा कइलें। मुख्यमंत्री प्रतिनिधिमंडल के स्वागत करत कहलें कि उत्तर प्रदेश में निवेश के मतलब भारत के अर्थव्यवस्था के तेज कइल बा। सीएम योगी नीदरलैंड सरकार के आभार व्यक्त करत कहलें कि पार्टनर कंट्री के तौर पs जीआईएस-23 से नीदरलैंड के जुड़ला से हमनी के ब्रिटिश सहभागिता आउर मजबूत होई। एकरा से उत्तर प्रदेश के अर्थव्यवस्था के गति मिली।

यूपी में निवेश के बढ़ाई सिंगापुर

17 उद्यमियन के संगे सीएम योगी से मुलाकात खातिर पहुंचल सिंगापुर के उच्चायुक्त साइमन वांग कहलें कि हमनी के 29 हजार करोड़ के 20 एमओयू साइन कइले बानी सs। ऊ कहलें कि हमनी इहां के उद्यमी शिक्षा, स्मार्ट सिटी, सेफ सिटी, वेस्ट मैनेजमेंट, डाटा सेंटर सहित कइयन गो आउर क्षेत्रन में निवेश कs रहल बा लो। ऊ यूपी के औद्योगिक नीति के सराहना करत कहलें कि सरकार के तरफ से जवना तरह से निवेशकन के सहजोग मिल रहल बा ओकरा से अउरियो निवेशक इहां निवेश करी लो।

यूपी में निवेश के सिलसिला जारी रखी नीदरलैंड

नीदरलैंड के उच्चायुक्त मार्टिन वेन डेन बर्ग कहलें कि निवेशक सम्मेलन बहुते प्रभावी बा। ई सम्मेलन निवेशकन के यूपी में निवेश करे खातिर आकर्षित करे में सफल रहल बा। डच कंपनियन के प्रतिनिधियन से परिचय करावत नीदरलैंड के उच्चायुक्त कहलें कि खाद्य, ऊर्जा, मैन्यूफैक्चरिंग सेक्टर में उत्तर प्रदेश में अपार संभावना बा। नीदरलैंड के कंपनियन के यूपी में निवेश के सिलसिला बनल रही।

459410cookie-checkUP GIS 2023: सीएम योगी आदित्यनाथ बोललें- भारतीय अर्थव्यवस्था के विकास खातिर यूपी में निवेश जरूरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.