[the_ad_group id="30365"]

PHD कोर्स में असफल छात्रन के मिलल अंतिम मौका: JP युनिवर्सिटी के अगिला बैच में मिली मवका, छात्रन के बीच खुसी के लहर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जय प्रकाश विश्वविद्यालय के पीएचडी कs रहल छात्रन के खातिर खुसखबरी बा। विश्वविद्यालय के कोर्स वर्क में असफल छात्रन के दुबारा से परीक्षा में बईठे के मवका मिली। ई जानकारी विश्वविद्यालय के कुल सचिव डॉ. प्रोफेसर रंजीत कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। पत्र जारी कइल गइला के बाद पीएचडी कोर्स वर्क में असफल छात्रन के बीच खुसी के लहर बा।

छात्रा लोगन के तुरंत के अगिला परीक्षा में बईठे के मवका मिल जाई। पहिले असफल छात्रा लोगन के दोबारा तइयारी कs के परीक्षा में सामिल होखे के मवका दिहल जात बा।  एकरा से छात्रन के कोर्स टाइम में कम समय लागी। जय प्रकाश विश्वविद्यालय के अंतर्गत आवे वाला सीवान गोपालगंज के सब अंगीभूत कॉलेज खातिर ई जारी कइल गइल बा।

छात्रन में खुसी के लहर

कुलसचिव कावर से जारी कइल गइल पत्र में बतावल गइल बा कि राजभवन सचिवालय बिहार पटना के पत्रांक संख्या BSU-05/2010-2684/GS(1) दिनांक 21/09/2017 के मोताबिक पीएचडी के संबंधित नियमावली के अनुच्छेद 7.7 के अनुसार व छात्र जवन कोर्स वर्क के परीक्षा में असफल हो गइल बा। ओकरा के अंतिम मौका अगिला बैच के कोर्स वर्क परीक्षा में दिहल जाई।

पत्र जारी कइला के बाद पीएचडी के कार्स वर्क में सब असफल छात्र-छात्रा लोगन के फार्म दुबारा से भरल जाई। हालांकि, अभी फॉर्म भरे के तिथि तय नइखे भइल। जल्दिये विश्वविद्यालय प्रबंधन कावर से राज भवन के आदेस पs फर्म के तिथि आ राशि संबंधी 7 लेटर जारी कइल जाई। एकरा से पीएचडी के सब छात्रन में खुसी के लहर बा। बाकिर छात्र-छात्रा खातिर ई अंतिम मवका होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]