[the_ad_group id="30365"]

RPF Constable and SI Recruitment 2024: रेलवे पुलिस में कांस्टेबल आ सब इंस्पेक्टर के पदन पs निकलल नौकरियन के भरमार, ईहां देखी डिटेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आरपीएफ भर्ती 2024 : अगर रउआ रेल पुलिस में नौकरी पावे के सपना देखत बानी तs इs मउका मत छोड़ीं। आरआरबी यानी रेलवे भर्ती बोर्ड आरपीएफ कांस्टेबल आ सब इंस्पेक्टर (एसआई) के पद खातिर बम्पर भर्ती जारी कइले बा। एह बहाली में भाग लेबे के इच्छुक उम्मीदवारन के ई मालूम होखे के चाहीं कि आरआरबी जल्दिए सिपाही आ एसआई बहाली से जुड़ल अधिसूचना आधिकारिक वेबसाइट पs जारी कर दी। एह पदन खातिर आवेदन करे के इच्छुक आ पात्र उम्मीदवार आवेदन शुरू भइला के बाद आरपीएफ rpf.Indianrailways.gov.in के आधिकारिक वेबसाइट पs जा के आवेदन कs सकेलें।

आरपीएफ भारती 2024 के रिक्ति के विवरण

बोर्ड रेलवे संरक्षण बल के तहत करीब 2250 रिक्ति जारी कईले बा। जवना में से आरपीएफ सिपाही के 2000 पद पs बहाली अवुरी एसआई यानी सब इंस्पेक्टर के 250 पद पs बहाली होई।

आरपीएफ के नौकरी 2024 के चयन प्रक्रिया

एह पदन पs चयन लिखित परीक्षा, शारीरिक परीक्षण आ दस्तावेज सत्यापन के प्रक्रिया से गुजरला के बाद कइल जाई।

आरपीएफ के नौकरी 2024 के उमिर सीमा

आरपीएफ के उप निरीक्षक पद खातीर आवेदन करे वाला इच्छुक उम्मीदवार के उमिर सीमा 20 साल से 25 साल के बीच होखे के चाही। एकरा संगे आरपीएफ के सिपाही पद के उमिर सीमा 18 साल से 25 साल तक बा। एकरा संगे आरक्षित श्रेणी के उम्मीदवार के उमिर सीमा में ढील मिल सकता।

Railway Police Recruitment 2024 क्वालिफिकेशन

आरपीएफ भर्ती 2024 के सिपाही पद में इच्छुक उम्मीदवार के कवनो मान्यता प्राप्त बोर्ड चाहे संस्थान से 10वां पास होखे के चाही। साथही सब इंस्पेक्टर पद खातिर देश के कवनो मान्यता प्राप्त बोर्ड से स्नातक होखे के चाहीं। एह बहाली खातिर मेहरारू आ मरद दुनु आवेदन कs सकेलें। हालांकि अबे ले ए बहाली से जुड़ल कवनो अधिसूचना जारी नईखे भईल। लेकिन मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, जल्दिए इs अधिसूचना जारी होई, जवना में आवेदन के तारीख अवुरी बाकी महत्वपूर्ण जानकारी दिहल जाई। एही से उम्मीदवारन के सलाह दिहल जाला कि समय-समय पs रेलवे प्रोटेक्शन फोर्स यानी आरपीएफ के आधिकारिक वेबसाइट के जांच करत रहस।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]