[the_ad_group id="30365"]

सेंसेक्स में 500 अंक के तेजी: 65,700 के स्तर पs कारोबार कर रहल, निफ्टी में 130 अंक से जादे के बढ़त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शेयर बाजार में आज माने बियफे के (5 अक्टूबर) के तेजी देखे के मिल रहल बा। सेंसेक्स करीब 500 अंक चढ़के 65,700 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा। ओहिजा, निफ्टी में 130 अंक से जादे के तेजी रही। ई 19,550 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा। सेंसेक्स के 30 शेयरन से 26 में तेजी आ खाली 4 में गिरावट देखे के मिल रहल बा।

कच्चा तेल के कीमतन में नरमी

कच्चा तेल के कीमतन में एक बेर फेर से बड़ गिरावट आइल बा। ब्रेंट क्रूड 6% टूटके 86 डॉलर प्रति बैरल पs आ गइल बा। WTI क्रूड 84.50 डॉलर प्रति बैरल के करीब ट्रेड कs रहल बा। कच्चा तेल 5 हफ्तन के निचला स्तर पs फिसल गइल बा।

RBI के मॉनेटरी पॉलिसी कमेटी के मीटिंग आज दूसरा दिन

रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया (RBI) के मॉनेटरी पॉलिसी कमेटी (MPC) के मीटिंग आज दूसरका दिन बा। 6 अक्टूबर के एह मीटिंग के नतीजन के घोषणा होई। अनुमान लगावल जा रहल बा कि RBI लगातार चउथा बेर ब्याज दरन के जस के तस रख सकत बा। RBI फरवरी 2023 में रेपो रेट बढ़ाके 6.5% कइले रहे। तब से एमे कवनो बदलाव नइखे भइल।

काल्ह बाजार में रहे गिरावट

एकरा पहिले बिहान माने बुध के (4 अक्टूबर) के शेयर बाजार में गिरावट देखे के मिलल रहे। सेंसेक्स 286 अंक गिरके 65,226 के स्तर पs बंद भइल रहे। ओहिजा, निफ्टी में 92 अंक के गिरावट रहे। ई 19,436 के स्तर पs बंद भइल रहे। सेंसेक्स के 30 शेयरन में से 21 में गिरावट आ 9 में तेजी देखे के मिलल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]