[the_ad_group id="30365"]

Share Market Open: वैश्विक बाजारन में बिकवाली के चलते गिरावट के संगे खुलल भारतीय बाजार, निफ्टी 19500 के करीब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय शेयर बाजार के सुरुआत सोमार के गिरावट के संगे भइल। बाजार में गिरावट के वजह हामास के इजराइल के ऊपर हमला कइल मानल जा रहल बा। एह कारण बाजार के जादेतर मुख्य सूचकांक गिरावट के संगे काम कs रहल बा।

खबर लिखल जाए तक, बीएसई सेंसेक्स 492.27 अंक भा 0.75 प्रतिशत गिरके 65,510.34 अंक आ निफ्टी 149.95 अंक भा 0.76 प्रतिशत गिरके 19,503.55 अंक पs कारोबार कs रहल बा।

बाजार में बिकवाली के दबाव

बाजार में सबसे जादे गिरावट ऑटो, सरकारी बैंकन, फिनसर्विस, फार्मा आ मेटल सेक्टर में देखल जा रहल बा। सबेरे 9:30 बजे तक 223 शेयर तेजी के संगे आ 1682 शेयर गिरावट के संगे कारोबार करत रहे।

टॉप गेनर्स आ लूजर्स

सेंसेक्स पैक में एचसीएल टेक, टीसीएस, नेस्ले आ एचयूएल टॉप गेनर्स बा। ओहिजा, एसबीआई, टाटा स्टील, टाइटन, एनटीपीसी, इंडसइंड बैंक, जेएसडब्लू स्टील, बजाज फिनसर्व, एशियन पेंट्स, एक्सिस बैंक, पावर ग्रिड, एमएंडएम, टाटा मोटर्स, कोटक महिंद्रा आ एलएंडटी टॉप लूजर्स बा।

वैश्विक बाजारन के हाल

वैश्विक बाजारन में उतार-चढ़ाव के माहौल देखल जा रहल बा। टोक्यो, शंघाई आ बैंकॉक के बाजार लाल निशान में कारोबार कs रहल बा। ओहिजा, जाकार्ता के बाजार हरियर निशान में कारोबार कs रहल बा। अमेरिका के बाजार सुक के कारोबारी सत्र में बड तेजी के संगे बंद भइल रहे। कच्चा तेल के कीमत में बड़ी तेजी देखल जा रहल बा। ब्रेंट क्रूड 3.11 डॉलर आ 3.68 प्रतिशत बढ़के 87.69 डॉलर प्रति बैरल पs कारोबार कs रहल बा। डब्लूटीआई क्रूड 3.27 डॉलर प्रति बैरल भा 3.95 प्रतिशत बढ़के 86.06 डॉलर पs बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]