[the_ad_group id="30365"]

एह हफ्ता सोना फिसलल, चांदी के दाम बढ़ल: सोना फेर 59 हजार पs आइल, चांदी 73 हजार के पार निकलल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एह हफ्ता सोना के दाम में गिरावट देखे के मिलल बा। इंडिया बुलियन एंड ज्वैलर्स एसोसिएशन (IBJA) के वेबसाइट के मोताबिक सर्राफा बाजार में एह हफ्ता के सुरुआत, माने 18 सितंबर के सोना 59,320 रुपिया पs रहे, जवन अब, माने 23 सितंबर के 59,134 रुपिया प्रति 10 ग्राम पs आ गइल बा। माने एह हफ्ता एकरा कीमत में 186 रपिया के गिरावट आइल बा।

चांदी के कीमत में रहल तेजी

IBJA के वेबसाइट के मोताबिक एह हफ्ता चांदी में हजार रुपिया से जादे के तेजी देखे के मिलल बा। एह हफ्ता के सुरुआत में ई 72,115 रुपिया पs रहे, जवन अब 73,175 रुपिया प्रति किलोग्राम पs पहुंच गइल बा। माने एह हफ्ता एकर कीमत 1,060 रुपिया बढ़ल बा।

आने वाले दिनन में बढ़ सकत बा दाम

एक्सपर्ट्स के मोताबिक त्योहारन में सोना-चांदी के बीच मांग बढ़ी। एकरा चलते दिवाली तक सोना 62,000 रुपिया प्रति 10 ग्राम आ चांदी 78-80 हजार रुपिया प्रति किलो तक जा सकत बा। 2023 के अंत तक सोना 65,000 रुपिया के आ चांदी 90,000 रुपिया तक पहुंचचावे के संभावना बा।

गोल्ड ETF में अगस्त में आइल रिकॉर्ड निवेश

गोल्ड ETF (गोल्ड एक्सचेंज ट्रेडेड फंड) में बीतल महीना माने अगस्त में 1,028 करोड़ रुपिया के निवेश भइल बा। ई गोल्ड ETF में 16 महीनन के रिकॉर्ड निवेश बा। एकरा पहिले अप्रिल 2022 में रूस-यूक्रेन युद्ध के कारण एमे 1,100 करोड़ रुपिया के निवेश भइल रहे। एह साल अमेरिका में ब्याज दर लगातार बढ़े से रिस्क बढ़ने के चलते गोल्ड ETF में निवेश बढ़ल बा।

म्यूचुअल फंड कंपनियन के संगठन एम्फी के आंकड़न के मोताबिक, गोल्ड ETF में 2023 में अब तक 73.40% निवेश खाली अगस्त में आइल। एह साल में अगस्त तक एमे कुल 1,400 करोड़ रुपिया के निवेश भइल बा। जुलाई में गोल्ड ETF में 456 करोड़ रुपिया आइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]