[the_ad_group id="30365"]

हफ्ता के आखिरी कारोबारी दिन शेयर बाजार में तेजी : सेंसेक्स में 300 अंक के बढ़त, निफ्टी रियल्टी के छोड़के सब सेक्टोरल इंडेक्स में तेजी

शेयर बाजार में लउकल उछाल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हफ्ता के आखिरी कारोबारी दिन सुक के शेयर बाजार में तेजी देखे के मिल रहल बा। सेंसेक्स करीब 300 अंक के तेजी के संगे 72,390 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा।

ओहिजा निफ्टियो में 90 अंक के तेजी बा, ई 22,000 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा। सेंसेक्स के 30 शेयरन में से 23 शेयरन में तेजी आ सात में गिरावट देखे के मिल रहल बा। पेटीएम के शेयर में 1.62% के गिरावट देखे के मिल रहल बा।

निफ्टी रियल्टी के छोड़के सब सेक्टोरल इंडेक्स में तेजी

NSE के सेक्टोरल इंडेक्स के बात कइल जाव तs निफ्टी रियल्टी के छोड़के सब में तेजी देखे के मिल रहल बा। ऑटो सेक्टर में सबसे जादे 1.60% के तेजी बा। ओहिजा, बैंक, फाइनेंशियल सर्विसेज, मीडिया आ प्राइवेट बैंक आउर FMCG सहित आउर सेक्टर हरियर निशान के संगे कारोबार कs रहल बा।

एंटरो हेल्थकेयर सॉल्यूशंस के डिस्काउंट लिस्टिंग

एंटरो हेल्थकेयर सॉल्यूशंस के शेयर के स्टॉक एक्सचेंज पs डिस्काउंट लिस्टिंग भइल। बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज (BSE) पs कंपनी के शेयर 1.03% डिस्काउंट के संगे 1,245 रुपिया पs लिस्ट भइल। ओहिजा, नेशनल स्टॉक एक्सचेंज (NSE) पs शेयर 2.03% डिस्काउंट के संगे 1,228.70 रुपिया पs लिस्ट भइल।

कंपनी एह इनिशियल पब्लिक ऑफरिंग माने IPO के इश्यू प्राइस 1,258 रुपिया रखले रहे। ई IPO पब्लिक सब्सक्रिप्शन खातिर नौ फरवरी से 13 फरवरी तक ओपन रहे।

काल्ह बाजार में रहल रहे तेजी

एकरा पहिले काल्ह 15 फरवरी शेयर बाजार में तेजी देखे के मिलल रहे। सेंसेक्स 227 अंक के बढ़न्ती के संगे 72,050 के स्तर पs बंद भइल रहे। ओहिजा, निफ्टियो में 70 अंक के तेजी रहल, ई 21,910 के स्तर पs बंद भइल रहे।

सेंसेक्स के 30 शेयरन में से 16 में तेजी आ 14 में गिरावट रहल। पेटीएम के शेयर में 5% के गिरावट देखे के मिलल रहे। पेटीएम के लोअर सर्किट के 10% से घटाके 5% कs देले रहे। ओहिजा मजबूत रिजल्ट के बाद महिंद्रा एंड महिंद्रा (M&M) के शेयर में आज 6.81% के तेजी देखे के मिलल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]