[the_ad_group id="30365"]

सेंसेक्स में 700 अंक से जादे के गिरावट : निफ्टियो 200 अंक से जादे लुढ़कल, पेटीएम के शेयर में लोअर सर्किट

शेयर बाजार में लउकल उछाल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शेयर बाजार में आज माने 28 फरवरी के गिरावट देखे के मिल रहल बा। सेंसेक्स 700 अंक से जादे के गिरावट के संगे 72,300 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा। ओहिजा निफ्टी में 200 अंक से जादे के गिरावट बा। ई 22,000 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा।

सेंसेक्स के 30 शेयरन में से 26 में गिरावट आ खाली 4 में तेजी देखे के मिल रहल बा। ऑटो, पावर आ बैंकिंग शेयर्स में जादे गिरावट बा। पेटीएम के शेयर में आज 5% के लोअर सर्किट लागल बा।

जुनिपर होटल्स के शेयर के सपाट लिस्टिंग

जुनिपर होटल्स के आज बाजार में लिस्टिंग हो गइल बा। बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज (BSE) कंपनी के शेयर 361.20 रुपिया के भाव पs लिस्ट भइल। जबकि नेशनल स्टॉक एक्सचेंज (NSE) पs ई शेयर 365 रुपिया के भाव पs लिस्ट भइल। बता दीं कि कंपनी के इश्यू प्राइस 360 रुपिया रहे। माने ई लिस्टिगं एकदम सपाट रहल बा।

आज से भारत हाईवेज इनविट के IPO में निवेश के मौका

भारत हाईवेज इंफ्रास्ट्रक्चर इन्वेस्टमेंट ट्रस्ट इनविट (भारत हाईवेज इनविट) के इनिशियल पब्लिक ऑफर माने IPO रिटेल निवेशकन खातिर आज माने 28 फरवरी से ओपन हो गइल बा। एकरा खातिर 1 मार्च तक बोली लगावल जा सकी। 6 मार्च के कंपनी के शेयर नेशनल स्टॉक एक्सचेंज (NSE) आ बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज (BSE) पs लिस्ट होई।

भारत हाईवेज InvIT लिमिटेड एह इश्यू के प्राइस बैंड ₹98-₹100 तय कइले बा। रिटेल निवेशक मिनिमम एगो लॉट माने 150 शेयर्स खातिर बिडिंग कs सकत बा लो।  जदि रउआ IPO के अपर प्राइज बैंड ₹100 के हिसाब से 1 लॉट खातिर अप्लाय करत बा लो, तs एकरा खातिर ₹15,000 इन्वेस्ट करे के होई। ओहिजा, मैक्सिमम 13 लॉट माने 1950 शेयर्स खातिर रिटेल निवेशक अप्लाय कs सकत बा लो। एकरा खातिर निवेशकन के अपर प्राइज बैंड के हिसाब से ₹195,000 खर्च करे के होई।

काल्ह बाजार में रहे तेजी

एकरा पहिले बिहान माने 27 फरवरी के शेयर बाजार में तेजी देखे के मिलल रहे। सेंसेक्स 305 अंक के बढ़त के संगे 73,095 के स्तर पs बंद भइल रहे। ओहिजा निफ्टी में 76 अंक के तेजी रहल। ई 22,198 के स्तर पs बंद भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]