[the_ad_group id="30365"]

शेयर बाजार में तेजी : सेंसेक्स 332 अंक चढ़के 71,977 पs खुलल, IT आ बैंकिंग शेयर्स में तेजी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शेयर बाजार में आज सुक के तेजी देखे के मिल रहल बा। सेंसेक्स 332 अंक चढ़के 71,977 के स्तर पs खुलल। ओहिजा, निफ्टी में 115 अंक के तेजी रहल, ई 21,812 के स्तर पs खुलल। सुरुआती कारोबार के दौरान सेंसेक्स के 30 शेयरन में से 26 में तेजी आ चार में गिरावट देखे के मिल रहल बा। आज IT, मेटल आ बैंकिंग शेयर्स में जादे तेजी बा।

अडाणी एंटरप्राइजेज के नेट प्रॉफिट 2.3 गुना बढ़ल

अडाणी ग्रुप के फ्लैगशिप कंपनी अडाणी एंटरप्राइजेज लिमिटेड बियफे के फाइनेंशियल ईयर 2023-24 के तीसरका तिमाही (अक्टूबर-दिसंबर) के नतीजा घोषित कs देले बिया। Q3FY24 में कंपनी के नेट प्रॉफिट सालाना (YoY) आधार पs 2.3 गुना माने 130.29% बढ़के 1,888.4 करोड़ रुपिया रहल।

कंपनी पिछला साल के समान तिमाही में 820 करोड़ रुपिया के नेट प्रॉफिट दर्ज कइले रहे। ऑपरेशंस से Q3 में कंपनी के रेवेन्यू सालाना आधार पs 6.5% बढ़के  28,336.4 करोड़ रुपिया रहल। पिछला फाइनेंशियल ईयर के एह अवधि में ई 26,612.2 करोड़ रुपिया रहल रहे।

बिहान बजार में रहल रहे गिरावट

एकरा पहिले बिहार बियफे के शेयर बाजार में गिरावट देखे के मिलल रहे। सेंसेक्स 106 अंक गिरले 71,645.30 पs बंद भइल रहे। ओहिजा निफ्टी में 28 अंक के गिरावट रहे, ई 21,697.45 के स्तर पs बंद भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]