[the_ad_group id="30365"]

देवबड़ला में खुदाई में मिलल शिव तांडव नटराज के प्रतिमा, पहिलहूँ मिलल बा मूर्ति अउर मंदिर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीहोर जिला में जावर तहसील के ग्राम देवबड़ला में पिछले कई साल से निरन्तर खुदाई चल रहल बा। इहां जमीन में हजार साल पहिले परमार कालीन अनेक मंदिर निकल रहल बा जिनके निरन्तर खुदाई करत वापस एह पत्थरन के सहारे ठाढ़ कइल जा रहल बा। चार मंदिरन के बाद एह पांचवे मंदिर खातिर चल रहल खुदाई में इहां एगो आकर्षक नटराज शिव के प्रतिमा निकलल बा।

मंदिर समिति के अध्यक्ष ओंकार सिंह भगत अउर कुंवर विजेंद्र सिंह भाटी बतवलें कि अभिन ले खुदाई में चार मंदिर मिल चुकल बा। अब इहां 5वां मंदिर के कुछ हिस्सा सोझे आइल बा। मलबा हटवले के दौरान 11वीं सदी के परमार कालीन ब्लैक स्टोन के नटराज प्रतिमा मिलल बा। एह प्रतिमा में शिव जी तांडव करत लउकतनें।

बता देईं कि प्रतिमा में छह भुजा बा। एह प्रतिमा में दूनों ओर खंभा, नटराज रूप में शिव के छह हाथ बा, जेमें शंख, त्रिशूल, डमरु आदि नजर आ रहल बा। सथही मृदंग अउर ढोल बजावत दू अउर देवता लोग के प्रतिकृति बनल बा। ई प्रतिमा करिया पत्थर के बा। पहिले भी इहां पs विष्णु जी, दुर्गा जी, बाराह अवतार, नेवज मैया शिवलिंग जइसन अनेक प्रतिमा मिलल बा। एह सब प्रतिमा के सुरक्षित स्थान पर रखल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]