[the_ad_group id="30365"]

ट्रेन में जल्दी ख़तम होई इकोनॉमी एसी कोच के व्यवस्था, बेडरोल के सुविधा होई शुरू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ट्रेन के एसी-थ्री इकोनॉमी कोच के व्यवस्था जल्दिए समाप्त होखे वाला बा। एह बोगियन के भी अब सामान्य थर्ड एसी कोच के श्रेणी में रखल जाई अउर किराया भी सामान्य थर्ड एसी के बराबर लिहल जाई। एकरे खातिर अब वाणिज्य विभाग के आगे के कार्यवाही करे के बा।

थर्ड एसी के इकोनॉमी कोच में यात्रा करे वाले यात्रियन के भी बेडरोल (चादर, कंबल, तकिया) दिहल जा रहल बा। इकोनॉमी कोच में स्थान के कमी होखले के चलते पूर्वोत्तर रेलवे प्रशासन बर्थ संख्या 81, 82 अउर 83 के उपयोग बेडरोल रखे खातिर कइल गइले के निर्णय लिहले बा।

अइसे में 20 सितंबर अउर ओकरे बाद के तारीख में जौन यात्री बर्थ संख्या 81, 82 अउर 83 आरक्षित करवले रहनें, उनके इमरजेंसी कोटा के तहत उपलब्ध बर्थ आवंटित कइल जा रहल बा।

वर्तमान में गोरखपुर से राप्तीसागर एक्सप्रेस में एसी थर्ड के इकोनॉमी कोच लगावल जा रहल बा। एह कोच में अगर गोरखपुर से यशवंतपुर तक के यात्रा करतनीं त 2510 रुपया किराया लागsला, जबकि सामान्य थर्ड एसी कोच में 2595 रुपया लागsला। एह तरह यात्रियन के 85 रुपया कम देवे के रहsला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]