Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जकार्ता में 5.6 तीव्रता के भूकंप, 20 लोग के मौत, 300 से जियादा लोग घाही

406

इंडोनेशिया के जकार्ता में 5.6 तीव्रता के भूकंप आइल बा। एह दौरान 20 लोग के जान चल गइल। उहवें, 300 से ज्यादा लोग घायल बतावल जा रहल बा। सियांजुर के प्रशासन के प्रमुख हरमन सुहरमन बतवलें कि अभिन हमके जौन जानकारी मिलल बा , ओकरे हिसाब से खाली एक्के अस्पताल में करीब 20 लोग के मौत हो गइल बा अउर कम से कम 300 लोग के इलाज चल रहल बा। ज्यादातर लोग के इमारत में फंसले के चलते फ्रैक्चर भइल बा। हताहतन के संख्या बढ़ भी सकsता।

मौसम अउर भूभौतिकी एजेंसी बतवलें कि सोमार के इंडोनेशिया के राजधानी जकार्ता में 5.6 तीव्रता के भूकंप आइल। भूकंप के केंद्र पश्चिम जावा के सियानजुर में 10 किमी के गहराई में रहल। हालांकि, एकरे चलते सुनामी अइले के कौनो संभावना नाइ जतावल गइल बा।

जानकारी के मुताबिक, जकार्ता में भूकंप के बाद लोग घबरा गइलें। अपने दफ्तर में बैठकर काम कर रहल लोग भी बाहर निकल अइलें। भूकंप के झटका के वजह से बिल्डिंग हिलत दिखाई दिहलस। एसे अफरा-तफरी मच गइल।

एसे पहिले पश्चिम इंडोनेशिया में सुक्क रात जोरदार भूकंप आइल रहे। राहत के बात ई रहल कि एह दौरान कौनो भी तरह के जानमाल के नुकसान के खबर नाइ आइल। अमेरिकी भूगर्भ सर्वेक्षण (यूएसजीएस) बतवलें कि भूकंप के तीव्रता 6.9 रहल। एकर केंद्र दक्षिण बेंगकुलू के दक्षिण पश्चिम में 202 किलोमीटर दूर 25 किमी के गहराई में रहल। एकरे बाद एगो अउर झटका आइल रहल, जेकर तीव्रता 5.4 रहल।

387440cookie-checkजकार्ता में 5.6 तीव्रता के भूकंप, 20 लोग के मौत, 300 से जियादा लोग घाही

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.