[the_ad_group id="30365"]

गोटबाया सरकार के करीबी अउरी गृह मंत्री रहल दिनेश गुणेवर्दना बनले श्रीलंका के नया प्रधानमंत्री, राष्ट्रपति रानिल विक्रमसिंघे कैबिनेट मंत्रियन के दियवले शपथ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

श्रीलंका के वरिष्ठ नेता दिनेश गुणवर्धने के देश के नया प्रधानमंत्री नियुक्त कइल गइल बा। ऊ आज कोलंबो के फ्लावर रोड स्थित प्रधानमंत्री कार्यालय में नया प्रधानमंत्री के रूप में शपथ लेहले। गुणवर्धने अप्रैल में पूर्व राष्ट्रपति गोटबाया राजपक्षे के कार्यकाल के दौरान गृह मंत्री बनावल गइल रहने। ऊ विदेश मंत्री अउरी शिक्षा मंत्री के तौर पर आपन सेवा दे चुकल बानें। उहवें, श्रीलंका के नया राष्ट्रपति रानिल विक्रमसिंघे शुक्रवार के अपने कैबिनेट के शपथ दियवले। विक्रमसिंघे के राष्ट्रपति बनले के बाद प्रधानमंत्री पद खाली हो गइल। 6 बार प्रधानमंत्री रह चुकल विक्रमसिंघे गुरुवार के देश के 8वें राष्ट्रपति के तौर पर शपथ ग्रहण कइलें रहने।

विक्रमसिंघे ने देश के सामने आ रहल अभूतपूर्व आर्थिक संकट के दूर करे खातिर सब राजनीतिक दल से मिल के काम कइलें के आह्वान कइलें बानें। गौरतलब बा कि गुणवर्धने सहित कैबिनेट में उहे नेता शामिल कइल गइल बानें, जौन विक्रमसिंघे के कार्यवाहक राष्ट्रपति रहले के दौरान इनके मंत्रिमंडल के सदस्य रहले, उहवें, विक्रमसिंघे के राष्ट्रपति बनने के बाद अब उम्मीद कइल जा रहल बा कि आर्थिक संकट से जूझ रहल श्रीलंका के वास्ते राहत सौदे के लिए अंतरराष्ट्रीय मुद्रा कोष (IMF) के साथ चल रहल बातचीत के निरंतरता मिली।

विरोध-प्रदर्शन को खत्म करेंगे प्रदर्शनकारी!

एही बीच, प्रधानमंत्री के आधिकारिक आवास के बाहर अप्रैल से डेरा डाले प्रदर्शनकारी लोग कहल कि ऊ आपन विरोध प्रदर्शन खत्म कर रहल बानें। प्रदर्शनकारियन के समूह के एगो प्रवक्ता कहलें, ‘एह बात पर चर्चा कइल गइल बा कि संविधान के सम्मान कइल जाए कि चाहीं अउरी एह प्रदर्शन को बंद कइल जाए के चाहीं.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]