[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार:  बिहार के प्रोफेसरन पs विफरले विजय चौधरी, बोलले- मौजूदा शिक्षक नइखे पढ़ावत लो, तs नया से का उम्मीद लगावल जाव। कहले- विश्वविद्यालयन के ई बहाना ना चली कि शिक्षकन के कमी बा।
  2. बिहार: पटना से दिल्ली जा रहल विमान में बइठल जुवक कहलस- हमरा लगे बम बा, फ्लाइट रद्द, 5 घंटा ले रहल अफरा-तफरी के माहौल।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी के हर परिवार के रोजगार दिही सरकार, सीएम योगी आदित्यनाथ कहले- जारी कइल जाई परिवार कार्ड।
  4. उत्तर प्रदेश: राष्ट्रपति चुनाव- उत्तर प्रदेश में क्रॉस वोटिंग कइलस चुगली, सपा गठबंधन में छिपल रहल भितरघाती, द्रौपदी मुर्मू के तय वोट से मिलल जादे।
  5. झारखंड: हेमंत सोरेन सरकार पs संकट, भाजपा में शामिल हो सकत बाड़े कांग्रेस विधायक, राष्ट्रपति चुनाव में क्रॉस वोटिंग के खेल।
  6. देश के पहिला आदिवासी आ दुसरकी महिला राष्ट्रपति होइहें द्रौपदी मुर्मू। विपक्ष के उम्मीदवार यशवंत सिंहा के हरवली, प्रधानमंत्री घरे पहुंच के देले उनका के बधाई।
  7. ED के सोनिया गांधी से पूछताछ: तीन घंटा चलल पूछताछ, 25 जुलाई के फेर बुलावल गइल।
  8. दिल्ली के LG CM अरिवंद केजरीवाल के सिंगापुर जाये से रोकले: कहले- ई मेयर के कार्यक्रम हs, मुख्यमंत्री के एमे ना जाये के चाहीं। ओने, केजरीवाल साफ कहले- सिंगापुर जरूर जाएम।
  9. अविवाहित महिला के 24 हफ्ता के प्रेग्नेंसी में अबॉर्शन के अनुमति, सुप्रीम कोर्ट के गर्भपात के लेके दिशा निरदेस।
  10. नीरज, रोहित, एल्डोस वर्ल्ड एथिलेटिक्स चैंपियनशिप के फाइनल में: एके दिन में भारत के 3 एथलीट मेडल राउंड में; पाउल ट्रिपल जंप के फाइनल में पहुंचे वाला पहिला भारतीय।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]