[the_ad_group id="30365"]

छात्र के जगह REET परीक्षा में बइठे वाला रहल मास्टर, पुलिस कइलस गिरफ्तार, पहलहू जा चुकल बा जेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान के बाड़मेर जिला में पुलिस एगो अध्यपक के गिरफ्तार कइलें बा। आरोपी अध्यापक एक छात्र के जगह खुदही परीक्षा में बइठल रहे। पुलिस के मुखबिर से एह बात के जानकारी मिलल रहे. एकरे बाद आरोपी अध्यपक के दबोच लिहलस। पुलिस के कहनाम बा कि आईदान राम पुत्र खेमाराम जाट निवासी अंगनवा चितलवाना वर्तमान में राजकीय बालिका उच्च माध्यमिक विद्यालय जालीपा में वरिष्ठ अध्यापक के पद पर तैनात बानें. आईदानराम साल 2013 में नकल अउरी फर्जीवाड़ा में डूंगरपुर में जेल जा चुकल बानें। पुलिस आईदानराम के गिरफ्तार कs लेहले बा।

सरहदी बाड़मेर जिले में एक बेर फेर फर्जी परीक्षार्थी बनके रीट परीक्षा देहले के फिराक में बइठल वरिष्ट अध्यापक के गिरफ्तार क लेहलें बा। बाड़मेर पुलिस रीट भर्ती परीक्षा से पहिलही फर्जी परीक्षार्थी के रूप में परीक्षा देहले के प्रयास करे वाला वरिष्ठ अध्यापक आईदानराम के गिरफ्तार करे में सफलता हासिल कइलें बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]