[the_ad_group id="30365"]

Squash World Cup 2025 : भारत रचलस इतिहास, साल खतम होखे से पहिले जीतलस एगो आउर वर्ल्ड कप, स्क्वैश वर्ल्ड कप के इहां पढ़ी पूरा कहानी

India celebrates historic victory at Squash World Cup 2025 final
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। स्क्वैश वर्ल्ड कप 2025 के फाइनल जीत के भारत खेल जगत में एगो नया इतिहास रच देलस। साल 2025 खतम होखला से पहिलही भारतीय स्क्वैश टीम वर्ल्ड कप के एह खिताबी जीत से देस के नाम रोशन कs देलस। ई पहिला मौका बा जब कवनो एशियाई देस स्क्वैश वर्ल्ड कप के ट्रॉफी अपना नामे कइलस। अतवार के खेलल गइल फाइनल मुकाबला में भारत, हांगकांग के 3-0 से हरा के वर्ल्ड कप पs कब्जा जमा लेलस।

ई जीत खास एह से आउर खास रहल कि पूरा टूर्नामेंट में भारतीय टीम एको मैच ना हारल। मिक्स्ड-टीम फॉर्मेट में खेलल गइल एह टूर्नामेंट में भारतीय खिलाड़ियन के आत्मविश्वास, अनुशासन आ लगातार सानदार प्रदर्शन साफ नजर आइल। एकरा से पहिले भारतीय टीम कबो स्क्वैश वर्ल्ड कप के फाइनल तक ना पहुंच सकल रहे। साल 2023 में टीम सेमीफाइनल में हार गइल रहे, बाकिर अबकि बेर टीम पूरा तइयारी आ मजबूत इरादा लेके मैदान में उतरल आ इतिहास बना देलस।

ग्रुप स्टेज से फाइनल तक भारत के दबदबा

दूसरका वरीयता प्राप्त भारतीय टीम ग्रुप स्टेज से आपन दबदबा बनाके रखलस। भारत स्विट्जरलैंड आ ब्राजील के 4-0 से हराके दमदार सुरुआत कइलस। ओकरा बाद क्वार्टर फाइनल में साउथ अफ्रीका के मात देके सेमीफाइनल में प्रवेश कइलस। सेमीफाइनल में भारत के सामना दु बेर के चैंपियन मिस्र से भइल, जहां भारतीय खिलाड़ी जबरदस्त खेल देखावत 3-0 से जीत दर्ज कइल लोग आ फाइनल में जगह पक्का कइल।

फाइनल में भारत के दमदार खेल

फाइनल मुकाबला में भारत के अनुभवी खिलाड़ी जोशना चिनप्पा सबसे पहिले कोर्ट पs उतरली। ऊ दुनिया के 37वां नंबर के खिलाड़ी ली का यी के 3-1 से हराके टीम इंडिया के मजबूत सुरुआत दिलवली। ओकरा बाद एशियाई खेल के पदक विजेता अभय सिंह, एलेक्स लाउ के 3-0 से हराके भारत के बढ़त आउर मजबूत कs देलें। आखिरी मुकाबला में 17 बरिस के नवहा खिलाड़ी अनाहत सिंह सानदार खेल दिखवली आ दुनिया के 31वां नंबर के खिलाड़ी टोमैटो हो के 3-0 से हराके भारत खातिर ऐतिहासिक जीत पक्का कs देली। एह जीत के बाद भारत के पुरुष राष्ट्रीय चैंपियन वेलावन सेंथिलकुमार के कोर्ट पs उतरे के जरूरते ना पड़ल।

ओलंपिक से पहिले बड़ उपलब्धि

एह स्क्वैश वर्ल्ड कप 2025 में कुल 12 देस हिस्सा लेले रहे, जवना में ऑस्ट्रेलिया, मिस्र, हांगकांग, जापान, मलेशिया, ईरान, पोलैंड, दक्षिण अफ्रीका आ स्विट्जरलैंड जइसन मजबूत टीम सामिल रहे। स्क्वैश वर्ल्ड कप के सुरुआत 1996 में भइल रहे आ अभी ऑस्ट्रेलिया, इंग्लैंड आ मिस्र जइसन देस ई खिताब जीत चुकल बा। अइसन में भारत के ई जीत ना खाली ऐतिहासिक बा, बलुक ओलंपिक से पहिले भारतीय स्क्वैश खातिर एगो बहुत बड़ सफलता मानल जा रहल बा।

Read Also: 15 दिसंबर 2025 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]