[the_ad_group id="30365"]

Himanta Vishwa on Messi Event : ‘ममता बनर्जी के गिरफ्तार करs…’ मेसी के इवेंट में बवाल पर असम CM हिमंता बिस्वा सरमा के बड़ बयान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। पश्चिम बंगाल के कोलकाता में दुनिया के मशहूर फुटबॉलर लियोनेल मेसी के एक झलक देखे खातिर बेताब फैंस मेसी के जातही हंगामा करे लागल लोग। लोग टेबल-कुर्सी तुड़ दिहल। हजारन रुपिया के महंगा टिकट किनला के बादो लोगन के मेसी के देखे के मौका ना मिल सकल। एकरा पीछे कथित VIP कल्चर बतावल जा रहल बा। एह मुद्दा पs अब सियासत गरमा गइल बा। असम के मुख्यमंत्री हिमंता बिस्वा सरमा ममता बनर्जी सरकार पs सीधा हमला बोलले बाड़ें।

हिमंता बिस्वा सरमा ममता बनर्जी के गिरफ्तारी के मांग कइले बाड़ें। उनकर कहनाम बा कि ममता सरकार भीड़ के कंट्रोल करे में पूरा तरह फेल साबित भइल बिया। अधिकारियन से घिरल रहला के चलते हजारन-लाखन लोग मेसी के देख तक ना सकल।

असम CM का कहलें?

हिमंता बिस्वा सरमा कहलें,
“जुबीन गर्ग के मौत के बाद गुवाहाटी के सड़कन पs तीन दिन तक 10 करोड़ से जादे लोग मौजूद रहे, बाकिर कहीं कवनो गड़बड़ी ना भइल। सबकुछ शांति से खत्म भइल। करीब 50 हजार लोग अंतिम संस्कार में सामिल भइलें, तबो कवनो हादसा ना भइल। मुंबई में महिला विश्व कप फाइनल के दौरान सबकुछ शांति से संपन्न भइल। बाकिर बंगाल अइसन राज्य बा, जहां कुछो कहल ना जा सकेला। उहां VIP कल्चर बहुत जादे हावी बा।”

गिरफ्तारी के मांग

हिमंता बिस्वा सरमा के कहलें कि पश्चिम बंगाल के गृह मंत्री खुद मुख्यमंत्री ममता बनर्जी बाड़ी, अइसन में कोलकाता पुलिस कमिश्नर के संगे-संगे गृह मंत्री के गिरफ्तार करे के चाहीं। कोलकाता में जवन कुछ भइल, ओकर पूरा जिम्मेदारी गृह मंत्री आ पुलिस कमिश्नर पs बा।

ऊ आगे कहलें,
“मेसी पूरा दुनिया खातिर प्रेरणा बाड़ें। ममता बनर्जी के खुद आत्ममंथन करे के जरूरत बा। बंगाल में रोज लोगन पs अत्याचार हो रहल बा। ई बहुते चिंता के बात बा।”

का बा पूरा ममिला?

बतावल जा रहल बा कि विश्व कप विजेता फुटबॉलर लियोनेल मेसी के देखे खातिर कोलकाता के सॉल्ट लेक स्टेडियम में बड़ भीड़ जुटल रहे। हजारन रुपिया के टिकट किन के दर्शक स्टेडियम पहुंचल रहे लोग। बाकिर 20 मिनट के विजिट के दौरान मेसी के चारो ओर अधिकारी आ नेता लोग उनका के घेर के रखले रहे, एह चलते आम जनता मेसी के एगो झलक तक देख ना पावल आ उहवां बवाल खड़ा हो गइल।

Read Also: Bondi Beach Firing : ऑस्ट्रेलिया के मशहूर बॉन्डी बीच पs गोलीबारी, दु गिरफ्तार; शूटर सहित दस के मौत 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]