[the_ad_group id="30365"]

15 दिसंबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 15/12/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- एकादशी

रात के 09 बजके 20 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वादशी।

दिन- सोमार।

चित्रा नक्षत्र

सबेरे के 11 बजके 08 मिनट ले,

ओकरा बाद स्वाति नक्षत्र।

शोभन जोग

दिन के 12 बजके 30 मिनट ले,

ओकरा बाद अतिगण्ड जोग।

बव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 16/12/2025

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वादशी

रात के 11 बजके 57 मिनट ले।

दिन- मंगर।

 स्वाति नक्षत्र

दिन के 02 बजके 09 मिनट ले।

अतिगण्ड जोग

दिन के 01 बजके 22 मिनट ले।

कौलव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन काम-काज में तेजी रही। नौकरी-पेशा लोगन के जिम्मेदारी बढ़ सकेला। परिवार में छोट-मोट मतभेद हो सकेला, बाकिर बातचीत से हल निकल जाई। सेहत ठीक रही।

सुभ रंग: लाल
सुभ अंक: 9

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज धन लाभ के जाेग बा। अटकल पईसा मिल सकेला। बेयपार में फायदा होई। दांपत्य जिनगी में मिठास बनल रही। संतान से खुसी मिली।

सुभ रंग: उजर
सुभ अंक: 6

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज तनिका संभल के रहला के जरूरत बा। बेवजह के विवाद से बचीं। काम में देरी हो सकेला। सेहत के ध्यान रखीं, खास कs के सर्दी-जुकाम से।

सुभ रंग: हरियर
सुभ अंक: 5

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज परिवार के संगे समय बितावे के मौका मिली। नौकरी में अधिकारी खुस रही लोग। जमीन-जायदाद से जुड़ल ममिला राउर पक्ष में जा सकेला।

सुभ रंग: क्रीम
सुभ अंक: 2

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज भाग्य राउर साथ दी। नया काम सुरू करे के योजना सफल होई। मान-सम्मान बढ़ी। राजनीतिक लोगन खातिा दिन सुभ बा।

सुभ रंग: सुनहरा
सुभ अंक: 1

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज मेहनत के पूरा फल मिली। नौकरी में प्रमोशन के जोग बन रहल बा। खर्चा पs नियंत्रण रखीं। जीवनसाथी से सहजोग मिली।

सुभ रंग: बुलु
सुभ अंक: 4

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज मन तनिका अशांत रही, बाकिर दिन ढलत-ढलत इस्थिति सुधरी। नौकरी में बदलाव के संकेत बा। संघतिया से मदद मिली।

सुभ रंग: गुलाबी
सुभ अंक: 7

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज जोखिम वाला काम से दूर रहीं। निवेश सोच-समझ के करीं। परिवार में बुजुर्गन के सेहत के चिंता रह सकेला।

सुभ रंग: मरून
सुभ अंक: 8

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज जतरा के जोग बा, जतरा लाभदायक रही। पढ़ाई-लिखाई में सफलता मिली। प्रेम संबंध मजबूत होई।

सुभ रंग: पियर
सुभ अंक: 3

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज काम के दबाव जादे रही। धैर्य से काम लीं। आर्थिक इस्थिति धीरे-धीरे मजबूत होई। सांझ के समय राहत महसूस होई।

सुभ रंग: भूअर
सुभ अंक: 10

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया संपर्क बने के जोग बा। सामाजिक काम में लिहल सुभ रही। नौकरी में नया जिम्मेदारी मिल सकेला।

सुभ रंग: बैंगनी
सुभ अंक: 11

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मनचाहा परिणाम मिली। धार्मिक काम में रुचि बढ़ी। परिवार के संगे सुखद समय बिताएम। धन लाभ के जोग बा।

सुभ रंग: आसमानी
सुभ अंक: 12

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]