Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

BRD मेडिकल कॉलेज के स्वर्ण जयंती समारोह में बोललें CM योगी, बेहतरीन हेल्थ इंफ्रास्ट्रक्चर दे रहल बा सरकार

287

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि जन स्वास्थ्य के रक्षा सरकार के प्राथमिकता ह अउर एकरे खातिर ऊ बेहतरीन हेल्थ इंफ्रास्ट्रक्चर दे रहल बा। बीमारी के सिर्फ इलाज ही महत्वपूर्ण नइखे बलुक हमनीं के बीमारी के मूल कारण के भी पता लगावे के होई ताकि ओके पनपले से ही रोकल जा सके। एह संदर्भ में चिकित्सक अउर चिकित्सा शिक्षकन के जिम्मेदारी बनsला कि ऊ इलाज करे के सथही शोध-अनुसंधान के बढ़ावा देवें। सरकार एह दिशा में कौनो भी तरह के कमी नाइ होखे देई।

सीएम योगी शनिचर के बाबा राघव दास (बीआरडी) मेडिकल कॉलेज के स्वर्ण जयंती समारोह के संबोधित करत रहलें। ऊ इंसेफेलाइटिस के ले के कइल गइल अपने संघर्ष के स्मरण करत कहलें कि 1998 से एह मुद्दा पर जनांदोलन खड़ा कइल गइल लेकिन दुर्भाग्यपूर्ण स्थिति ई रहल कि इंसेफेलाइटिस पर एक्को रिसर्च पेपर नाइ रहल। चिकित्सक खातिर एकहक मरीज शोध के केंद्र होला। ऊ आपन दैनिक कार्य करत शोध के आगे बढ़ा सकतने। चिकित्सा शिक्षा के छात्र लैब अउर लाइब्रेरी ले ही सीमित न रहें। ग्रामीण क्षेत्र में जा के बीमारी के कारण पता करीं, रिसर्च पेपर तैयार करीं। पास आउट डॉक्टर्स अपने अनुभव के आधार पर रिसर्च पेपर बनावें। राज्य सरकार उनके अनुभव अउर सुझाव के देखी।

मुख्यमंत्री कहलें कि राजकीय मेडिकल कॉलेज से सरकार के अपेक्षा रहsला कि चिकित्सक बेहतरीन कार्य करें अउर नयका शोध के आगे बढ़ाईं। रिसर्च एंड डेवलपमेंट के बाधित कइल गइल त हमनीके पिछड़ जाइल जाई। ऊ कहलें कि प्रदेश में मेडिकल इंफ्रास्ट्रक्चर अउर फैकल्टी के अभाव नाइ बा। जरूरत एकरे अनुरूप पाठ्यक्रम के संचालन अउर शोध कार्य के बढ़ावा देहले बा। एह पर ध्यान देके बेहतरीन परिणाम हासिल कइल जा सकsता। शोध से हम पूरा चिकित्सा व्यवस्था के नयका ऊंचाई दे सकतनीं।

371150cookie-checkBRD मेडिकल कॉलेज के स्वर्ण जयंती समारोह में बोललें CM योगी, बेहतरीन हेल्थ इंफ्रास्ट्रक्चर दे रहल बा सरकार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.