[the_ad_group id="30365"]

अभिन अउर बढ़ी इमरान खान के मुश्किल, पाक सेना कइलस कार्रवाई के सिफारिश, PTI अध्यक्ष पद भी खतरा में

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हालिया हमला में घायल पाकिस्तान के पूर्व पीएम इमरान खान के मुश्किल अउर बढ़े वाला बा। पाकिस्तानी सेना एक वरिष्ठ सैन्य अधिकारी के बदनाम करे के ले के इमरान के खिलाफ कानूनी कार्रवाई के सिफारिश कइले बानें। उहवें, लाहौर हाईकोर्ट में एक याचिका दायर कs के इमरान खान के उनके पार्टी पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ (पीटीआई) के अध्यक्ष पद से हटवले के मांग कइल गइल बा।

पाक सेना सुक्क के पाक सरकार से आग्रह कइलें कि ऊ पीटीआई प्रमुख इमरान खान के खिलाफ कानूनी कार्रवाई शुरू करे। खान अपने हत्या के प्रयास में एगो वरिष्ठ सैन्य अधिकारी के शामिल होखले के आरोप लगवले बानें। एके ले के इंटर-सर्विसेज पब्लिक रिलेशंस (आईएसपीआर) के एक वरिष्ठ अधिकारी जवाब देत कहलें, पीटीआई अध्यक्ष द्वारा सेना अउर खासतौर से एक वरिष्ठ अधिकारी के खिलाफ निराधार अउर गैर-जिम्मेदाराना आरोप लगवले बानें। ई बिल्कुल अस्वीकार्य बा। एहलिए पाक सरकार से आग्रह कइल गइल बा कि ऊ इमरान खान के आरोप के जांच करीं अउर सेना अउर उनके अधिकारियन के बदनाम करे वालन के खिलाफ कानूनी कार्रवाई कइल जाय।

इमरान खान के बियफे के पंजाब प्रांत में वजीराबाद में उनके लमहर मार्च के दौरान एगो हमलावर गोली मरले रहे। उनके चार गोली लागल रहे, जेसे ऊ गंभीर रूप से घायल हो गइलें। उनके पैर में गोली लागल बा। उनके इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

तीन लोग के इशारा पर चलावल गइल गोली : इमरान खान

खान उनका पर हमला के ले के आरोप लगवले बानें कि पीएम शहबाज शरीफ, गृह मंत्री राना सनाउल्लाह अउर आईएसआई के एक शीर्ष जनरल मेजर जनरल फैसल समेत तीन लोग के इशारा पर उन पर गोली चलावल गइल। खान के आरोप के खंडन करत, डीजी आईएसपीआर एगो बयान में कहलें कि पाक सेना एक पेशेवर अउर अनुशासित संगठन ह। एकर उनके गर्व बा। उसके कौनो अधिकारी या कर्मचारी के गैर कानूनी कृत्य के जांच अउर न्याय के पूरा तंत्र बा।

संसद के सदस्यता अउर चुनाव लड़ले के अधिकार पहिलही खो चुकल बानें

इमरान खान पहिलही संसद के सदस्यता अउर चुनाव लड़ले के अधिकार खो चुकल बानें। अब उनकर पीटीआई अध्यक्ष पद भी जा सकsता। पीएम रहत प्राप्त सरकारी उपहार के बेचले के मामिला के दोषी ठहरावल गइल इमरान खान के चुनाव आयोग संसद के सदस्यता से बेदखल कs दिहले बा अउर चुनाव लड़ले पर भी रोक लगा दिहले बा। लाहौर हाई कोर्ट में दायर याचिका में कहल गइल बा कि इमरान खान के पीटीआई के अध्यक्ष पद से हटावल जाय। हाई कोर्ट एह पर सुनवाई के सहमति दे दीहलें बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]