Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

457
  1. बिहार: पटना-आरा के प्रतिष्ठित स्वर्ण व्यवसायी हरिजी के ह्त्या; 2 नवंबर के साँझ भइल रहे अपहरण; आरा शहर से 60 किलोमीटर दूर मिलल शव। गला दबा के हत्या के आशंका, बक्सर स्टेशन के लगे मिलल एक्सयूवी रहे गाड़ी, 5 के खिलाफ नामजद FIR।
  2. बिहार: कुढ़नी विधानसभा उपचुनाव खातिर चुनाव आयोग कइलस तारीख के ऐलान, 5 दिसंबर के होई मतदान। राजद विधायक अनिल साहनी के विधायकी गइला से खाली भइल बा सीट।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी के रामपुर आ मैनपुरी में उपचुनाव के घोषणा, 5 दिसंबर के वोटिंग, 8 के रिजल्ट। मुलायम सिंह के निधन से मैनपुरी आ आजम खान के सदस्यता रद्द होखला से खाली भइल बा रामपुर विधानसभा सीट।
  4. उत्तर प्रदेश: आईपीएस अजय पाल शर्मा के हार्ट अटैक, अस्पताल में भर्ती भइलें, एकाउंटर स्पेश्लिस्ट के नाम से रहल बाड़ें चर्चित, अब हालत बा इस्थिर।
  5. झारखंड: पलामू में काँग्रेस निकललस ‘भारत जोड़ो यात्रा’, सुबोधकांत सहाय बोललें- देश में बदलाव होके रही। कांग्रेस हमेशा से देश आ देशवाशियन के जोड़े के काम कइले बिया, कुछ लोग ओकरा के तुड़ के नफरत फइलावेला।
  6. जेल से सुकेश के आरोप: केजरीवाल महाठग- राज्यसभा सीट खातिर के बदला में हमरा से 50 करोड़ रुपिया लेलें, हमार आरोप सही बा। जांच करवा लो-सुकेश चंद्रशेखर।
  7. ट्विटर 50% कर्मचारियन के निकललस: मस्क बोललें- दोसर विकल्प नइखें, रोज 33 हजार करोड़ के हो रहल बा नुकसान। भारत में 200 कर्मचारियन के नौकरी गइल।
  8. हिमाचल में PM बोललें: कांग्रेस मतलब भ्रस्टाचार आ परिवारवाद के गारंटी; हमनी के 9 लाख घरन में नल में जल पहुंचवनी जा। माता लोग अब आसिरबाद जरूर दी लो। हिमाचल आवे से पहिले डेरा व्यास पहुंचलें PM।
  9. पाक सेना के मांग- इमरान खान प लीगल एक्शन होखे: आसिफ आली जरदारी बोललें- एह शख्स के सत्ता से मतलब बा, देश से ना। पाकिस्तान के पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान प हमला के विरोध में उनकर समर्थक देश में जगे-जगे प्रदर्शन कर रहल बा लो।
  10. इंग्लैंड जीतल, वर्ल्ड चैम्पियन आस्ट्रेलिया बाहर: श्रीलंका के 4 विकेट से हरा के इंग्लैंड सेमीफाइनल में जगह पक्का कइलस। भारत बिहान जिम्बाब्वे से जीतल त इंग्लैंड से होई सेमीफाइनल में सामना।
371140cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.