Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी में सपा-कांग्रेस में गठबंधन: सपा कांग्रेस के 11 सीट देलस, अखिलेश बोललें- INDIA आ PDA इतिहास बदल दी 

682

उत्तर प्रदेश में आखिरकार सपा आ कांग्रेस के बीच गठबंधन हो गइल। प्रदेश में 11 सीटन पs कांग्रेस लोकसभा चुनाव लड़ी। अखिलेश खुद ट्वीट कs के एकर जानकारी देलस। ऊ लिखलें- कांग्रेस के संगे 11 मजबूत सीटन से हमनी के सौहार्दपूर्ण गठबंधन के अच्छा सुरुआत हो रहल बा। ई सिलसिला जीत के समीकरण के संगे आउर आगे बढ़ी।

ऊ लिखलें- इंडिया के टीम आ PDA के रणनीति इतिहास बदल दिही। एकरा पहिले सपा आ रालोद में 7 सीट पs गठबंधन भइल रहे। माने, अब यूपी में इंडिया गठबंधन में सपा, कांग्रेस आ रालोद के बीच सीटन पs सहमति बन गइल बा।

यूपी कांग्रेस अध्यक्ष अजय राय कहलें- अखिलेश के ट्वीट पs केंद्रीय नेतृत्व के फैसला लेवे के बा। फिलहाल, दुनो पार्टियन के बीच सकारात्मक आ अच्छा माहौल में बातचीत चल रहल बा।

एकरा पहिले, 17 जनवरी के दिल्ली में कांग्रेस के संगे सपा महासचिव राम गोपाल यादव के बैठक भइल रहे। बैठक में बाहर निकलके राम गोपाल कहलें, ‘हमनी के आधा रास्ता तय कs लेले बानी सs। बाकी आधा रास्ता जल्द तय कs लिहल जाई।’ राम गोपाल के एह बयान के बाद से ई संकेत मिल गइल रहे कि सीट शेयरिंग के लेके कांग्रेस आ सपा में बात बन गइल बा।

60 सीटन पs सपा लड़ी चुनाव

एकरा पहिले, 19 जनवरी के अखिलेश यादव 7 सीट RLD के देवे के ऐलान कइले रहस। ओहिजा, 1-1 सीट अपना दल कमेरावादी आ चंद्रशेखर के पार्टी के दे सकत बिया। अइसन में मानल जा रहल बा कि बचल सीटनप s 60 सीटन पs सपा चुनाव लड़ी।

अमेठी, रायबरेली समेत 11 सीट कांग्रेस के मिल सकत बा।
कांग्रेस के प्रदेश की कवन-कवन 11 सीट दिहल जाई। एकर जानकारी अभी सामने नइखे आइल। हालांकि, सूत्रन मोताबिक, वाराणसी, गोरखपुर, महाराजगंज, प्रयागराज, झांसी, कुशीनगर, गाजियाबाद, अमेठी, रायबरेली, लखनऊ आ बांसगांव कांग्रेस के दिहल जा सकत बा।

यूपी में पिछला 3 चुनावन में कांग्रेस के प्रदर्शन

  • 2009- कांग्रेस 69 सीटन पs चुनाव लड़लें आ 21 जीतल। एह चुनाव में सपा 75 पs लड़के 23 आ बसपा 69 पs लड़ल आ 20 सीट जीतल।
  • 2014- कांग्रेस 67 पs लड़के खाली दु सीट जीतल। सपा 75 में 5 आ बसपा 80 पs लड़ल आ एको सीट ना जीत सकल।
  • 2019- सपा-बसपा के गठबंधन रहे। कांग्रेस 67 पs लड़ल आ खाली रायबरेली जीत सकल। सपा 37 पs लड़ल आ पांच जीतल। जबकि बसपा 38 पs लड़ल आ 10 जीतल। रामपुर आ आजमगढ़ हरला के बाद सपा के अब खाली तीन सांसद बा लो।
722190cookie-checkयूपी में सपा-कांग्रेस में गठबंधन: सपा कांग्रेस के 11 सीट देलस, अखिलेश बोललें- INDIA आ PDA इतिहास बदल दी 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.