[the_ad_group id="30365"]

बिहार: सीएम नीतीश कुमार आजु दे सकेले इस्तीफा, साँझी के हो सकेला शपथ ग्रहण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आज बिहार के राजनीति में बड़ उथल-पुथल के संभावना बा। सीएम नीतीश कुमार आजु इस्तीफा दे सकेलें आ साँझ पाँच बजे एनडीए के सीएम के रूप में बिहार के सीएम के शपथ ले सकेलें। भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा शपथ ग्रहण में शामिल हो सकेलें। नीतीश के इस्तीफा से पहिले भाजपा वेट एंड वॉच के भूमिका में बिया। बिहार में कोर ग्रुप के बैठक के बाद बिहार भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष सम्राट चौधरी कहले कि पहिले नीतीश के इस्तीफा देवे के चाही, फेर भाजपा आपन स्टैंड सार्वजनिक करी। आजु फेर भाजपा के बइठक हो रहल बा। बदलत राजनीति में जीतनराम मांझी मोलभाव के राजनीति शुरू कs देले बाड़े। एनडीए के समर्थन के बदला में दु मंत्रालय के मांग कईले बाड़े। मांझी के घर के बहरी एगो पोस्टर बा, जवना में लिखल बा कि बिहार में बसंत बा, बिना मांझी के सब कुछ बेकार बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]