[the_ad_group id="30365"]

RANCHI : झारखंड के राजधानी रांची में बड़ घटना: बस डिपो में लागल आग, धू-धू कs के जलल पांच गो बस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

राँची : झारखंड के राजधानी रांची में एगो बड़ घटना घटल बा। राजधानी रांची के खादगढ़ा बस स्टैंड के लगे खड़ा बस में अचानक आग लाग गईल। धीरे-धीरे आग के लपट तेज हो गईल। कुछ ही देर में पांच बस में आग लाग गईल।

एह घटना के बाद बस स्टैंड में आफरा-तफरी मच गईल। घटना के बाद बस के कर्मी दमकल विभाग के सूचना देले। एकरा बाद मौका पs पहुंचल फायर ब्रिगेड के कर्मी आग बुझावे के काम शुरू क देले बाड़े।

मिलल जानकारी के मुताबिक बस में आग कईसे लागल, एकर पता नईखे चलल। घटना के समय बस स्टैंड पs दर्जनों गाड़ी खड़ा रहे। गाड़ी में आग लगला के बाद स्टैंड में खड़ा बस के कर्मी भाग गईले। यात्री आपन सामान छोड़ के भागे लगले। बस स्टैंड में आधा घंटा तक भगदड़ के स्थिति जारी रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]