[the_ad_group id="30365"]

तs ७ पs ब्राह्मण, जानी कवन स्थान पs बाड़े सीएम नीतीश के जाति के लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पटना : बिहार में जाति जनगणना के आंकड़ा जारी हो गईल बा। सामान्य प्रशासन विभाग के ओर से जारी आंकड़ा के मुताबिक बिहार के आबादी 13 करोड़ से जादे बा। एह में अत्यंत पिछड़ा वर्ग (ईबीसी) 36.01 प्रतिशत, बेहद पिछड़ल वर्ग (ओबीसी) 27 प्रतिशत, अनुसूचित जाति 19.65 प्रतिशत, अनुसूचित जनजातियां 1.68 प्रतिशत शामिल बा। अगर उच्च जाति के बात कइल जाव त ओह लोग के आबादी 15.52 प्रतिशत आबादी के बा।पिछड़ा वर्ग में यादव के आबादी 14.26 प्रतिशत बा।कुशवाहा में 4.27 फीसदी आ कुर्मी के 2.87 फीसदी बा।

बिहार में यादव जाति के अधिकांश लोग

जारी रिपोर्ट के मुताबिक बिहार के आबादी में हिन्दू समुदाय 81.9 प्रतिशत, मुस्लिम 17.7 प्रतिशत, ईसाई 0.05 प्रतिशत, सिख 0.01 प्रतिशत, बौद्ध 0.08 प्रतिशत, जैन 0.0096 प्रतिशत अवुरी 0.12 प्रतिशत अवुरी धर्म के आबादी बा। जबकि बिहार के मुख्य जाति के बात कईल जाए त उच्च जाति 15.52 प्रतिशत बा। एहमें भूमिहार 2.86 फीसदी, ब्राह्मण 3.66 फीसदी, राजपूत 3.45 फीसदी आ कायस्थ के 0.60 फीसदी।

एकरा अलावे कुर्मीकुर्मी 2.87 प्रतिशत, मुसहर 3 प्रतिशत, यादव 14.26 प्रतिशत, कुशवाहा 4.27 प्रतिशत, चंद्रवंशी 1.64 प्रतिशत, धानुक 2.13 प्रतिशत, धोबी 0.83 प्रतिशत, नाई 1.59 प्रतिशत बाड़े। नोनिया 1.91 प्रतिशत, कुम्हार 1.40 प्रतिशत, पासी (पासवान) 0.98 प्रतिशत, बढ़ई 1.45 प्रतिशत, लोहार 0.15 प्रतिशत, सोनार 0.68 प्रतिशत, हलवाई 0.60 प्रतिशत, अघोरी 0.069 प्रतिशत, अद्राखी 0.02 प्रतिशत, अब्दाल 0.0087 प्रतिशत, अमात 0.21 प्रतिशत, असुर, 0.059 प्रतिशत, अवध बनिया 0.03 प्रतिशत आ मुस्लिम दर्जी 0.25 प्रतिशत बाड़े।

बिहार के टॉप टेन जातियन के आबादी

यादव- 14.2666 फीसदी (18650119)

दुसाध, धारी, धरही- 5.3111 फीसदी (6943000)

मोची, चमार, रविदास- 5.2550 फीसदी (6869664)

कुशवाहा 4.2120 फीसदी (5506113)

शेख-3.82 फीसदी (4995897)

मोमिन 3.5450 फीसदी (4634245)

ब्राह्मण 3.6575 फीसदी (4781280)

राजपूत 3.4505 फीसदी (4510733)

मुसहर 3.0872 फीसदी (4035787)

कुर्मी 2.8785 फीसदी (3762969)

सीएम नीतीश के जाति के लोग टॉप टेन में आखिरी स्थान पs बाड़े।

अगर जारी आंकड़ा के देखल जाव त बिहार के टॉप दस जाति में यादव एक नंबर प बाड़े। ओकरा बाद दुसाधा जाति बा। कुशवाहा जाति चार नंबर पर बा। अगर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के जाति यानी कुर्मी के बात कईल जाए तs उ 10 नंबर पs बाड़े। भूमिहार जाति टॉप टेन से बाहर बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]