Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सिक्किम बाढ़ में मरे वालन के आंकड़ा बढ़ल, 14 के मउत, 22 जवानन समेत 102 लोग लापता

सिक्किम में बादल फटला के बाद तीस्ता नदी में अचानक आईल बाढ़ के चलते तबाही के नजारा देखाई देता।अब मरेवाला के संख्या 10 से बढ़ के 14 हो गईल बा। 

1,038

 

सिक्किम में बादल फटला के बाद तीस्ता नदी में अचानक आईल बाढ़ के चलते तबाही के नजारा देखाई देता।अब मरे वालन के गिनिती पहिलहीं बढ़ गइल बा। अब ले 10 लोग के मउत के खबर रहे लेकिन अब इ संख्या बढ़ के 14 हो गईल बा, 22 सेना के जवान समेत 102 लोग लापता बाड़े। गंगटोक में बादल फटला से आइल बाढ़ से 3 लोग के मउत हो गइल बा, 22 लोग लापता बा आ 5 लोग घायल हो गइल बा। मंगन में 4 लोग के जान गंवा चुकल बा अवुरी 16 लोग के कवनो पता नईखे। पाक्योंग में 7 लोग के मउत हो गइल बा आ 59 लोग आ 23 सेना के जवान लापता बाड़े आ 21 लोग घायल हो गइल बा। नामची में बाढ़ से केहू के मउत नइखे भइल आ 5 लोग लापता बा।

बादल फटला आ बाढ़ के चलते 26 लोग घायल होके इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। बाढ़ से 22 हजार से अधिका लोग प्रभावित बाड़े। बाढ़ प्रभावित इलाका से एक हजार से अधिका लोग के निकालल गइल बा। प्रभावित इलाका में बहु-एजेंसी खोज-बचाव के काम चल रहल बा। भारतीय सेना अवुरी एनडीआरएफ तलाशी अभियान चलावत बिया। उहे वायुसेना के स्टैंडबाय में राखल गईल बा। खराब स्थिति के देखत एनडीआरएफ के अतिरिक्त टीम सिक्किम भेजल जाई।

 सेना हेल्पलाइन नंबर जारी कइलस

बाढ़ के स्थिति के बाद अपना प्रियजन के खोजत लोग के मदद खातिर सेना के ओर से एगो हेल्पलाइन नंबर जारी कईल गईल बा, जवना पs आप संपर्क क के जानकारी ले सकतानी।पूर्वी सिक्किम सेना से एह नंबरन पs संपर्क कइल जा सकेला: 8756991895, उत्तर सिक्किम सेना से एह नंबरन पs संपर्क कइल जा सकेला: 8750887741. लापता जवानन के बारे में जानकारी पावे खातिर सेना के ओर से 7588302011 नंबर जारी कईल जा सकता।

ल्होनक झील पS बादल फटला के बाद तबाही

बता दीं कि मंगलवार के रात उत्तर सिक्किम के ल्होनक झील पs अचानक बादल फाट गईल, जवना के चलते तीस्ता नदी में अचानक बाढ़ आईल।तीस्ता के बाढ़ के चलते ल्होनक झील के करीब 65 प्रतिशत हिस्सा बह गईल बा।नदी के किनारे बनल सेना के शिविर भी बाढ़ के चपेट में आ गईल, जवना के चलते सेना के जवान भी पानी में बह गईले।इहाँ खड़ा करीब 41 गाड़ी भी डूब गईल।शुरुआती रिपोर्ट में बाढ़ के चलते 10 लोग के मउत के खुलासा भईल, जवना में सेना के बहुत जवान शामिल रहले। बाकिर अब मरे वालन के गिनिती बढ़ के 14 हो गइल बा।

मरेवाला के संख्या बढ़ता, पहचान हो रहल बा

बाढ़ में जान गंवावे वाला लोग में 10 लोग के पहचान आम नागरिक के रूप में भईल बा, बाकी चार लोग के बारे में अभी तक कुछूओ पता नईखे चलल।अधिकारी के मुताबिक मंगलवार के बादल फटला के बाद चुंगथांग बांध से पानी छोड़ला के चलते रात के करीब साढ़े डेढ़ बजे बाढ़ के भयंकर स्थिति पैदा हो गईल। खबर के मुताबिक देश भर से सिक्किम पहुंचल 3000 से जादे पर्यटक ए आपदा के चलते उहाँ फंसल बाड़े। ई जानकारी सिक्किम के मुख्य सचिव वी बी पाठक दिहले बाड़न। भयंकर बाढ़ के चलते बहुत नुकसान भी भईल बा। 14 गो पुल बह गइल बा।

 

 

654830cookie-checkसिक्किम बाढ़ में मरे वालन के आंकड़ा बढ़ल, 14 के मउत, 22 जवानन समेत 102 लोग लापता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.