[the_ad_group id="30365"]

Lake outburst: सिक्किम के ल्होनक झील पs बादल फटल, तीस्ता नदी के बाढ़ में 23 सेना जवान लापता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

Lake outburst : उत्तरी सिक्किम के चुंगथांग में एगो झील फटला के चलते निचला इलाका में बाढ़ के खतरा बा। झील फटला के चलते तीस्ता नदी के जलस्तर तेजी से बढ़ रहल बा। नदी भयंकर रूप ले लेले बिया जवना के चलते निचला इलाका में बाढ़ के खतरा बा। प्रशासन निचला इलाका के सचेत कs देले बा। गाज़ोलडोबा, दोमोहनी, मेखलीगंज, घीश आ बांग्लादेश निचला इलाका प्रभावित हो सकेला। एह इलाकन के विशेष रूप से अलर्ट कइल गइल बा। दूसर ओर में नेशनल हाइवे-10 पूरा तरह से बह गईल बा, झील के फटला के चलते अचानक फ्लैश फ्लड के खतरा बढ़ जाला। एहसे प्रशासन अपना स्तर पs सतर्कता रखले बिया ताकि जान-माल के नुकसान कम हो सके।

जानकारी के मुताबिक ल्होनक झील के फटला के चलते निचला इलाका में फ्लैश फ्लड के खतरा बा। तीस्ता नदी के पानी के स्तर तेजी से बढ़ रहल बा। प्रशासन एह इलाका के लोग से सतर्क रहे के कहले बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]