Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कर्जा से तबाह परिवार के छह लोग खाइल जहर, पांच लोग के मौत, सूदखोरन के दबाव में रहनें

444

बिहार के नवादा शहर में कर्जा से तंग आ के एगो परिवार तबाह हो गइल। परिवार के छह सदस्य लोग सामूहिक खुदकुशी के इरादा से जहर खा लिहल। एहमें से पांच के मौत हो गइल। बतावल गइल बा कि सूदखोर परिवार पर दबाव डालत रहनें

परिवार के मुखिया केदारनाथ गुप्ता के परिवार नवादा के न्यू एरिया के आदर्श सोसायटी में किराया के घर में रहत रहनें। गुप्ता अउर उनके परिवार के छह लोग जहर खाइल। एहमें से गुप्ता समेत पांच लोग के मौत हो चुकल बा अउर एक जनी के हालत गंभीर बा।

नवादा पुलिस के अनुसार केदारनाथ गुप्ता मूलरूप से रजौली के रहे वाला बानें। ऊ कुछ समय से अपने परिवार के साथ नवादा में रह के कारोबार करे लागल रहनें। कारोबार ख़ातिर ऊ कुछ लोग से कर्ज लिहले रहनें। कर्ज अउर ब्याज लगातार बढ़ रहल बानें अउर ऊ उनके चुका नाइ पा रहल बा।

सूदखोर वसूली खातिर प्रताड़ित कs रहल बानें

मीडिया रिपोर्ट के अनुसार गुप्ता कई सूदखोरन से कर्जा लेहले रहनें अउर ऊ उनका पs पैसा चुकावे के दबाव बनावत प्रताड़ित करत रहनें। गुप्ता ही नाइ, पूरा परिवार के प्रताड़ित कइल जा रहल बा। पुलिस के कहनाम बा कि संभवत: एही कारण से पूरा परिवार सामूहिक खुदकुशी के कदम उठवलें।

मृतकन में दंपती अउर तीन बचवे शामिल

मृतकन के पहचान केदारनाथ गुप्ता, उनकर पत्नी अनिता अउर तीन बचवन के रूप में भइल। दू लोग के आदर्श सोसायटी में ही मौत हो गइल, जबकि तीन लोग अस्पताल में मर गइल। नवादा पुलिस मामिला के पड़ताल कs रहल बा।

375960cookie-checkकर्जा से तबाह परिवार के छह लोग खाइल जहर, पांच लोग के मौत, सूदखोरन के दबाव में रहनें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.