Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी: मथुरा से चौंकावे वाला मामिला, नाराज होके प्रेगनेंट महिला छत से लटकल बाकिर हो गइल बड़ हादसा

249

 

यूपी के मथुरा से एगो हैरानी के मामला सामने आईल बा। इहाँ एगो गर्भवती महिला एगो घर के छत से गिर गईल। एs पूरा घटना के एगो वीडियो भी सोझा आईल बा, जवना में महिला रेलिंग से लटकत देखाई देत बिया अवुरी ओकरा बाद गिरत देखाई देता।

पूरा बात का बा?

मिलल जानकारी के मुताबिक महिला ओकरा के ससुराल के लोग ओकरा के मायका ना भेजला से नाराज रहली। अयीसना में महिला खिसिया के छत पs जाके उहाँ से कूदे के धमकी देवे लगली। अचानक उनकर गोड़ फिसल गइल आ ऊ रेलिंग से लटक गइली। कुछ देर बाद रेलिंग भी उनका हाथ से फिसल गईल अउरी उs नीचे गिर गईली।

मामला मथुरा जिला के बलदेव थाना क्षेत्र के बा। ए घटना में महिला के गंभीर चोट आईल बा। सोशल मीडिया पs उनकर ई वीडियो वायरल हो रहल बा। मथुरा पुलिस एक्स हैंडल पss बतवलस कि बलदेव थाना में एs मामला में मामला दर्ज भईल बा, जरूरी कानूनी कार्रवाई कईल जाता।

घाही महिला के पहचान 22 साल के प्रियंका वाल्मीकी के रूप में भईल बा। मिलल जानकारी के मुताबिक उs अपना मातृगृह जाए के जिद करत रहली, लेकिन ससुराल के लोग उनुका से मना करत रहले। फिलहाल महिला के इलाज होखता। एs मामला में महिला के ससुराल के खिलाफ मामला दर्ज भईल बा।

एह वायरल वीडियो में देखल जा सकेला कि घर के दूसरा मंजिल के रेलिंग से एगो महिला लटकल बिया अवुरी नीचे खड़ा लोग चिल्लात बाड़े। दूर खड़ा केहू एह पूरा घटना के वीडियो शूट कs रहल बा। अचानक महिला के हाथ रेलिंग से निकल जाला अवुरी उs पहिले कवनो चीज़ से टकरा जाले अवुरी फेर नीचे गिर जाले। एs घटना के बाद इलाका में दहशत मच गईल अवुरी लोग एने-ओने दौड़े लागेले।

 

 

 

 

 

813240cookie-checkयूपी: मथुरा से चौंकावे वाला मामिला, नाराज होके प्रेगनेंट महिला छत से लटकल बाकिर हो गइल बड़ हादसा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.