[the_ad_group id="30365"]

Bihar News: राजधानी एक्सप्रेस के चपेट में आवे से लोको पायलट के मौत, शव के भइल पहचान; परिवार में मचल चीख-पुकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gaya News गया कोडरमा घाटी रेल खंड के गझंडी स्टेशन पs एगो लोको पायलट के मौत राजधानी एक्सप्रेस के चपेट में आवे से हो गइल। मृतक लोको पायलट के पहचान पंकज कुमार सिंह उम्र 40 वर्ष पिता शिवधारी सिंह ग्राम जानकीनगर थाना नया रामपुर जिला मुंगेर के रूप में भइल। लोको पायलट गोमो रेल मुख्यालय में कार्यरत रहले। घटना शनिचर के भोरे साढ़े चार बजे के हऽ।

गया कोडरमा घाटी रेल खंड के गझंडी स्टेशन पs एगो लोको पायलट के मौत राजधानी एक्सप्रेस के चपेट में आवे से हो गइल। मृतक लोको पायलट के पहचान पंकज कुमार सिंह उम्र 40 वर्ष पिता शिवधारी सिंह ग्राम जानकीनगर, थाना नया रामपुर, जिला मुंगेर के रूप में भइल।

लोको पायलट गोमो रेल मुख्यालय में कार्यरत रहले। घटना शनिचर के सुबह साढ़े चार बजे के हऽ। घटना के जानकारी देत घरी आरपीएफ इंस्पेक्टर कोडरमा जवाहर लाल बतवले कि गझंडी स्टेशन लिमिट के प्वाइंट नम्बर पी 72बी किलोमीटर 403/28(02)-403/28(01) के बीच भोर में लोको पायलट पंकज कुमार सिंह गझंडी में गोमो से लाइट इंजन लिआके लोको वफर में लगा देले।

ओकरा बाद आपन सहायक लोको पायलट गोपाल कुमार के साथे रेल ट्रैक पार कऽ के कार्यालय के ओर जात रहले। तबे डाउन लाइन पs तेज गति से जा रहल 120840 नई दिल्ली रांची राजधानी एक्सप्रेस के इंजन के चपेट में आ गइल। जवना से आन ड्यूटी लोको पायलट पंकज कुमार सिंह के मृत्यु घटनास्थल पs हो गइल। लास के कब्जा में लेके विभागीय अग्रिम कार्यवाही कइल जा रहल बा। घटना के लेके रेलवे के परिचालन के कवनो व्यवधान उतपन्न नइखे भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]