Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Sidharth-Kiara: ओटीटी पs स्ट्रीम होई सिद्धार्थ-कियारा के शादी? इ प्लेटफॉर्म पोस्ट साझा कइके दिहलस हिंट

Sidharth-Kiara: ओटीटी पs स्ट्रीम होई सिद्धार्थ-कियारा के शादी? इ प्लेटफॉर्म पोस्ट साझा कइके दिहलस हिंट

392

सिद्धार्थ मल्होत्रा आ कियारा आडवाणी बी टाउन के फेवरेट कपल्स में शुमार बा लो । आज काल्ह  इ दुनो लोग अपना  शादी के लेके सुर्खियन में चारो तरफ छ्वले बा लो । खबर अइसन आवत बा कि  इ जोड़ा अगिला हफ्ता  जैसलमेर के सूर्यगढ़ पैलेस में शादी के बंधन में बन्हाये  जा रहल बा । कपल के शादी में परिवार आ करीबी दोस्त  लोग शामिल होंइहें। 6 तारीख  के कपल सात फेरा लिही  आ 4-5 फरवरी के ओह लोग के  प्री वेडिंग फंक्शन होई। ओहिजे, एह सब के बीचे  इहो चर्चा बा  कि सिद्धार्थ आ  कियारा के  शादी ओटीटी पs  स्ट्रीम हो सकेला ।

अमेजन प्राइम वीडियो के एगो पोस्ट के बादे से सिद्धार्थ मल्होत्रा आ कियारा आडवाणी के  शादी  के ओटीटी पs स्ट्रीम होखे के कयास लगावल जा रहल बा । दरअसल, अमेजन प्राइम अपना इंस्टाग्राम अकाउंट पs सिद्धार्थ आ कियारा के  ‘शेरशाह’ फिल्म के दौरान के एगो तस्वीर शेयर कइले बा , जेकरा  नीचे फोर्ट के  तस्वीरो लागल बा । एकरा बादे से एह जोड़ा के शादी के ओटीटी पs  स्ट्रीमिंग के कयास बड़ा तेजी से लागे लागल रहे । हालांकि खबरन के अनुसार ओटीटी प्लेटफॉर्म के ओर से ई खाली एगो  अप्रीशीएशन पोस्ट बा आ  एकरा से बेसी कुछो ना ।

किआरा आडवाणी ,सिद्दार्थ मल्होत्रा ,फोटो: सोशल मीडिया

 

ओहिजे ,सिद्धार्थ आ कियारा के  शादी के विरल भयानी कवर करिहें । उ अपना पैपराजी हैंडल पर पोस्ट साझा कइके लिखले , ‘हम कियारा आ  सिद्धार्थ के शादी के  कवर करे खातिर  जैसलमेर जा रहल बानी जा ।’ ओहिजे , शादी में सिक्योरिटी अरेंजमेंट्स के  जिम्मेदारी शाहरुख खान के एक्स बॉडीगार्ड यासीन युगल के दिहल गईल बा। बता दिहीं कि कपल के शादी के फंक्शन 4 तारीख से शुरू हो जाई।

 

किआरा आडवाणी ,सिद्धार्थ मल्होत्रा, फोटो: सोशल मीडिया
450420cookie-checkSidharth-Kiara: ओटीटी पs स्ट्रीम होई सिद्धार्थ-कियारा के शादी? इ प्लेटफॉर्म पोस्ट साझा कइके दिहलस हिंट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.