[the_ad_group id="30365"]

The Romantics: YRF के यश गाथा सुनइहें ऋषि कपूर! ‘द रोमांटिक्स’ में देखावल जाई दिवंगत एक्टर के पुरनका इंटरव्यू !

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

The Romantics: YRF के यश गाथा सुनइहें ऋषि कपूर! ‘द रोमांटिक्स’ में देखावल जाई दिवंगत एक्टर के पुरनका इंटरव्यू !आप सब के एहिजा इ बतावल बहुते जरुरी बा कि ऋषि कपूर यश चोपड़ा आ आदित्य चोपड़ा के संगे ‘कभी कभी’, ‘चांदनी’, ‘जब तक है जान’, ‘फना’, ‘हम तुम’ जइसन कई गो फिल्मन में काम कइले रहलें ।

अभिनेता ऋषि कपूर अब एह  दुनिया में नइखन । बाकिर , उनका के चाहे वाला लोग उनकर  यादन के बड़ा  खूबसूरती से सहेज के रखले बा । एक्टर के  एक हाली  फेरु से बड़का परदा पs देखल जा सकेला । एह बेर उ  दिग्गज फिल्म निर्माता यश चोपड़ा आ  यश राज  फिल्म्स के  गाथा  के सुनावत  नजर आइहें। दरअसल, यश चोपड़ा पs  बनल डॉक्यूमेंट्री सीरीज ‘द रोमांटिक्स’ में ऋषि कपूर के ईगो पुरान  इंटरव्यू भी देखावल जाई। एह सीरीज के जरिए यश चोपड़ा आ  वाईआरएफ के  50 साल के  समृद्ध विरासत के  जश्न मनावल जाई। बॉलीवुड के  करीब 35 गो हस्ति एह  सीरीज में लउकी लो  । एही  में ऋषि कपूर के इंटरव्यू भी देखे के  मिली।

आप सब के बता दिही  कि ऋषि कपूर  यश चोपड़ा आ आदित्य चोपड़ा के संगे बहुते फिलिम कइले जवना में प्रमुख फिल्मन के नाव हम एहिजा दे रहल बानी  ‘कभी कभी’, ‘चांदनी’, ‘जब तक है जान’, ‘फना’, ‘हम तुम’ जइसन कई गो  फिल्मन में काम कइले रहलें । ऋषि कपूर ‘द रोमांटिक्स’ में यश चोपड़ा के संगे अपना  रिश्तन के बारे में चर्चा करत नजर अइहें । दर्शक इ बाति के जान सकिहें कि एक्टर-डायरेक्टर के ई जोड़ी  हिंदी सिनेमा खातिर का  योगदान दिहले । बता दिहीं कि यश चोपड़ा के जीवन पs  आधारित इ  डॉक्यूमेंट्री सीरीज चार हिस्सन में बा ।

सीरीज के निर्देशक स्मृति मूंदड़ा के  कहनाम बा कि, ‘ऋषि कपूर खाली एगो  शानदार एक्टरे ना रहलें , बलुक उ  ज्ञान के बहुत बड़ा  भंडारो रहले । उनका  लगे  हिंदी फिल्म इंडस्ट्री के  तमाम जानकारि रहे । उनका  निधन से सिनेमा के दुनिया के  बहुत बड़ा क्षति भईल बा । उनकर याद, उनकर इंटरव्यू आ बातन  खातिर हम हमेशा शुक्रगुजार रहब।’ बॉलीवुड के रोमांस किंग कहाए वाला यश चोपड़ा पs  बनल  डॉक्यूमेंट्री ‘द रोमांटिक्स’ में शाहरुख खान, आमिर खान, सलमान खान, ऋतिक रोशन, रणबीर कपूर, अमिताभ बच्चन, रणवीर सिंह, अनुष्का शर्मा समेत बॉलीवुड के  करीब 35 गो हस्ती लोग नजर अइहें । एह सीरीज में पहिला बेर आदित्य चोपड़ा कैमरा के सोझा अइहें आ अपना  बाबूजी यश चोपड़ा के सिनेमा में दिहल गईल गए योगदान के सलाम करिहें।

आप सब के बता दिहीं कि ‘द रोमांटिक्स’ के ट्रेलर रिलीज हो चुकल बा । ओहिजे इ सीरीज 14 फरवरी, 2023 के  रिलीज होई। यश चोपड़ा  ‘सिलसिला’, ‘लम्हे’, ‘वीर जारा’, ‘दिल तो पागल है’ और ‘जब तक है जान’, ‘चांदनी’ जईसन कई गो  रोमांटिक फिल्मन के बनवले बाड़ें । बता दिहीं कि एह सीरीज के निर्देशन स्मृति मूंदड़ा  कइले  बाड़ी , जे  ‘इंडियन मैचमेकिंग’ आ  ‘नेवर हैव आई एवर’ फ्रेंचाइजी के शानदार सफलता के बाद नेटफ्लिक्स पs  लवटल बाड़ी ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]